[the_ad_group id="30365"]

विवि नामांकन सेल के निर्णय, चार दिन के अंदर पीजी में एडमिशन खातिर जारी होई मेरिट लिस्ट

PHD Enterance Exam
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जेपी विश्वविद्यालय प्रशासन स्नातक परीक्षा के आयोजन के तिथि निर्धारित करे के बाद अब पीजी फर्स्ट सेमेस्टर सत्र 2022-24 में सीबीसीएस के तहत एडमिशन के प्रक्रिया जल्द सुरू करे के तइयारी में बिया। एकरा लेके सुक के विवि के एडमिशन सेल के बैठक प्रभारी कुलपति प्रो. गजेन्द्र कुमार के अध्यक्षता में आयोजित कइल गइल।

बैठक में एडमिशन के लेके कइयन निर्णय लिहल गइल। एह दौरान पहिले के तरे सेंट्रलाइज्ड एडमिशन रोस्टर के आधार पs सीबीसीएस 2018 के राजभवन पटना कावर से पारित रेगुलेशन के कंडिका 5.1 के अनुसार दुनों अनुबंधन के आधार पs मेरिट लिस्ट बनावल जाई।

55% अंक होखल रही अनिवार्य

पीजी में एडमिशन खातिर स्नातक में 45 प्रतिशत आ पास कोर्स आउर सब्सिडियरी विषय में एडमिशन खातिर 55 प्रतिशत अंक होखल आवश्यक रही। विश्वविद्यालय के एगो ईकाई के रूप में स्वीकार कs के पीजी विभागन आ पीजी कॉलेजन में आरक्षण संबंधी सब प्रक्रिया के सुनिश्चित करे के निर्णय लिहल गइल। नामांकन में वरीयता आ स्थानीयता के धेयान रखल जाई। अइसन में मेरिट लिस्ट बनावत समय प्राथमिकता के आधार पs छात्र के लगे के पीजी कॉलेज/ विभाग आवंटित करे के निर्णय लिहल गइल।

ओहिजा आवेदन करे वाला अइसन छात्र जेकर आवेदन अंतिम समय में मिलल ओकरो के सामिल कs के मेरिट लिस्ट बनावे आ जवना छात्रन के आवेदन कवनो कारणवश त्रुटिपूर्ण बा, ओकरा के सही करे खातिर विवि कावर से एगो अवसर देवे के निर्णयो बैठक में लिहल गइल। एडमिशन सेल के बैठक में सर्वसम्मति से पीजी फर्स्ट सेमेस्टर में एडमिशन खातिर मेरिट लिस्ट के 19 फरवरी तक खातिर विवि के डीएसडब्ल्यू कार्यालय के उपलब्ध करावे के निर्णय लिहल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]