[the_ad_group id="30365"]

ट्रेन से कट के युवक के मौत, सिवान जंक्शन के लग्गे के ह घटना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सिवान जंक्शन के लग्गे आंदर ढाला ओबर ब्रिज के नीचे बुध के देर साँझ 13019 हावड़ा-काठगोदाम बाघ एक्सप्रेस ट्रेन से कट के एगो युवक के मौत हो गइल। मौत के सूचना पर पहुंचल। जीआरपी अउर आरपीएफ  जांच कs के शव के पहचान करवले में जुट गइल। जीआरपी शव के कब्जा में ले के सदर अस्पताल पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहलस।

हालांकि मृत युवक के पहचान देर साँझ ले नाइ हो पवले रहे। मामिला में थानाध्यक्ष सुधीर कुमार सिंह बतवलें कि 13019 से कट के एगो युवक के मौत हो गइल। युवक ट्रेन में से गिरल आ कि ट्रैक पर रहल, एकर जानकारी लीहल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]