[the_ad_group id="30365"]

देवरिया: घन कोहरा में ट्रेलर अउर स्कूटी के भिड़ंत, छात्रा के मौत, भाई के हालत गंभीर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देवरिया जिला के बरहज क्षेत्र के कटइलवा गांव के निकट रामजानकी मार्ग पर घन कोहरा के चलते ट्रेलर अउर स्कूटी के आमने-सामने भिड़ंत हो गइल। जेमें स्कूटी सवार 11वीं के छात्रा अउर खोड़ा गांव निवासी आरूषि (15) पुत्री गिरिजेश यादव अउर उनके छोट भाई भानु गंभीर रुप से घायल हो गइलें। जिनके 108 नंबर सेवा से सीएचसी ले जाइल गइल। रास्ता में आरुषि के मौत हो गइल। जबकि भानु के हालत नाजुक देख के चिकित्सक लोग जिला अस्पताल रेफर कs दिहल।

खोड़ा गांव निवासी गिरिजेश के तीन संतान में आरुषि अकेल बेटी रहली। ई बरहज के ए प्राइवेट विद्यालय में 11वीं अउर भाई भानु 7वीं के छात्र हवें। लोग के अनुसार आरुषि स्कूटी से भाई के साथ ले के रोज के भांति पढ़े स्कूल जात रहली। घना कोहरा होखले के चलते रास्ता नाइ दिखाई देत रहल। दूनों कटइलवा गांव के लग्गे पहुचल रहलें

एही बीच ट्रेलर स्कूटी में टक्कर मार दिहलस। आरूषि के मौत के जानकारी होखले पर घर में रोअन-पिटन मच गइल। जबकि परिजन अउर गांव के लोग अस्पताल पहुंच गइलें। सूचना पर पहुंचल पुलिस लाश के कब्जा में ले लिहलस। थानाध्यक्ष जयशंकर मिश्र बतवलें कि सूचना पs पुलिस गइल रहनें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]