[the_ad_group id="30365"]

8 सूत्री मांगन के लेके डीलर लोगन के प्रदर्शन: बिहार प्रदेश फेयर प्राइस डीलर एसोसिएशन के हड़ताल सातवां दिन जारी, लाभुकन के नइखे मिल पा रहल राशन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार प्रदेश फेयर प्राइस डीलर एसोसिएशन के आह्वान पर आठ सूत्री मांगन के लेके पिछला एक जनवरी से अनिश्चितकालीन हड़ताल पs बा। हड़ताल के सातवां दिन डीलर लोग आपन मांगन पs अडिगता दिखवलें। डीलर लोग कहलस कि जब तक उनकर मांग पूरा नइखे हो जात, तब तक ऊ हड़ताल जारी रखलें।

दरअसल, पिछला एक जनवरी से डीलरन कावर से अपना आठ सूत्री मांग के लेके कइल गइल हड़ताल के कारण सरकारी राशन वितरण बाधित हो गइल बा। लाभुकन के राशन नइखे मिल पा रहल। एकरा से लाभुकन के चिंता बढ़े लागल बा। ओहिजा हड़ताल कs रहल डीलर लोग कहल कि बिहार प्रदेश फेयर प्राइस डीलर एसोसिएशन के आवाहन पs आठ सूत्री मांगन के लेके हड़ताल पs बा लो। एह मांगन में राज्य कर्मचारी के दर्जा दिहल, मासिक वेतन निर्धारित कइल, अनुकम्पा में आयु सीमा समाप्त कइल, सरकारी कर्मचारी के तरे साप्ताहिक छुट्टी देहल, डीलरन के आवास, बिजली, पानी आदि के सुविधा मुहैया करावल, डीलरन के परिवार के सदस्यन के स्वास्थ्य बीमा दिहल डीलरन के लईकन के शिक्षा में छूट दिहल सामिल बा।

डीलर लोग कहल कि गुजरात के तर्ज पs गोवा में जवन मार्जिंग मणि उहां के राज्य सरकार कावर से दिहल जा रहल बा। ओकर अनुसरण कराके जांच करावल आ मुख्यमंत्री से ई मांग कइल जात बा कि जवना तरे शिक्षकन के राज्य कर्मी के दर्जा दिहल गइल। संगही हमनी लोगन के मार्जिन मणि दिहल जाए। राज्य कर्मी के दर्जा दिहल जाव। ऊ कहलें कि सरकार अभी तक उनका मांगन पs कवनो सकारात्मक पहल नइखे कइले। जदि सरकार जल्दिये मांगन के पूरा नइखे करत लो तs ऊ आंदोलन के आउर तेज करी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]