[the_ad_group id="30365"]

मऊ-भटनी-छपरा के रास्ता चलावल जाई आजमगढ़-कोलकाता साप्ताहिक एक्सप्रेस: 9 जनवरी से संचालन होई सुरू, यात्रियन के मिली सुविधा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रेलवे कावर से यात्रियन के यात्रा के सरल आ सुगम बनावे खातिर लगातार प्रयास कइल जा रहल बा। एही क्रम में रेलवे प्रशासन कावर से यात्री जनता के सुविधा खातिर पहिले से निरस्त कोलकाता से आठ जनवरी, 2024 से चले वाली 13137 कोलकाता-आजमगढ़ साप्ताहिक एक्सप्रेस के संचलन बहाल कs दिहल गइल बा।

ई गाड़ी अपना निर्धारित मार्ग पs पहिले चलावल जाई। एकरा अलावे आजमगढ़ से नौ जनवरी, 2024 से चले वाली 13138 आजमगढ़-कोलकाता साप्ताहिक एक्सप्रेस के संचलन बहाल कs के अपना निर्धारित मार्ग मऊ-रसड़ा-बलिया-छपरा के स्थान पs परिवर्तित मार्ग पs मऊ-भटनी-छपरा के रास्ते चलावल जाई।

अभी परिवर्तित मार्ग से चली ट्रेन

ई जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी कs के देलें। आजमगढ़ कोलकाता एक्सप्रेस पूर्वोत्तर रेलवे से कलकत्ता खातिर चलावे वाली प्रमुख ट्रेनन में से एगो बा। एह ट्रेन के संचालन से पूर्वांचल के यात्रियन के कोलकाता तक के यात्रा करे खातिर विशेष सहूलियत मिलत बा।

इंजीनियरिंग कार्य खातिर एह ट्रेन के रद्द कइल गइल रहे। हालांकि पहिले से जारी सूचना के यात्रियन के मांग पs एह ट्रेन के संचालन बहाल कs दिहल गइल बा। अभी कुछ दिनन खातिर ई ट्रेन अपना परिवर्तित मार्ग से संचालित होई। छपरा में यार्ड रिमॉडलिंग के संगे इंटरलॉकिंग संबंधित कार्य कइल जा रहल बा। जवना के चलते कइयन ट्रेनन के मार्ग परिवर्तन आ संचालन के रद्द कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]