Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IND vs SL: श्रीलंका के खिलाफ हार्दिक के अग्निपरीक्षा, जानीं कब आ कहां देखीं लाइव मैच

431

India vs Sri Lanka T20 Series: भारत श्रीलंका के बीच तीन-तीन मैचन के वनडे टी20 सीरीज खेलल जाये के बा।टी20 सीरीज के आगाज 3 जनवरी से हो रहल बा। सीरीज के पहिला मुकाबला मुंबई (Mumbai) के वानखेड़े स्टेडियम (Wankhede Stadium) में खेलल जाई।

श्रीलंका के खिलाफ टी20 सीरीज में हार्दिक पांड्या (Hardik Pandya) कप्तानी करत नजर अइहें। ओहिजा वनडे टीम में रोहित शर्मा (Rohit Sharma) के वापसी होई। श्रीलंका के खिलाफ टीम इंडिया (Team India) के घरेलू सीरीज में दबदबा रहल बा। हालांकि टीम इंडिया एशियाई चैंपियन श्रीलंका के हल्का में ना लेवे के चाहीं।

भारत-श्रीलंका के मैच कब आ कहां होई लाइव स्ट्रीम?

भारत श्रीलंका मैच के लाइव प्रसारण स्टार स्पोर्ट्स नेटवर्क (Star Sports Network) पs कइल जाई। ओहिजा डिजनी प्लस हॉटस्टार (Hotstar) पs एकर लाइव स्ट्रीमिंग देखल जा सकत बा। एकरा अलावे डीडी स्पोर्ट्स (DD Sports) (फ्री टू एयर) पs ई मैच लाइव देखल जा सकत बा।

तीनों टी20 मैच के शेड्यूल टाइमिंग का बा?

भारत श्रीलंका के बीच टी20 सीरीज के पहिला मुकाबला 3 जनवरी के मुंबई में खेलल जाई। दूसरका मुकाबला 5 जनवरी के पुणे (Pune)। तीसरा मैच 7 जनवरी के राजकोट (Rajkot) में खेलल जाई। टी20 सीरीज के सब मुकाबला भारतीय समयानुसार सांझ के 7 बजे से खेलल जाई।

तीनों वनडे मैच के शेड्यूल का बा?

भारत श्रीलंका के बीच वनडे सीरीज के पहिला मुकाबला 10 जनवरी के गुवाहाटी में खेलल जाई। दूसरका वनडे मुकाबला 12 जनवरी के कोलकाता में। तीसरका मुकाबला 15 जनवरी के तिरुवनंतपुरम में खेलल जाई। सब वनडे मुकाबला भारतीय समयानुसार दोपहर 1.30 बजे से सुरू होई।

टी20 सीरीज खातिर टीम इंडिया:

हार्दिक पांड्या (कप्तान), ईशान किशन (विकेटकीपर), रुतुराज गायकवाड़, शुभमन गिल, सूर्यकुमार यादव (उप-कप्तान), दीपक राहुल त्रिपाठी, संजू सैमसन, वॉशिंगटन सुंदर, युजवेंद्र चहल, अक्षर पटेल, अर्शदीप सिंह, हर्षल पटेल, उमरान मलिक, शिवम मावी, मुकेश कुमार।

वनडे सीरीज खातिर टीम इंडिया:

रोहित शर्मा (कप्तान), शुभमन गिल, विराट कोहली, सूर्यकुमार यादव, श्रेयस अय्यर, केएल राहुल (विकेटकीपर), ईशान किशन (विकेटकीपर), हार्दिक पांड्या (उप-कप्तान), वॉशिंगटन सुंदर, युजवेंद्र चहल, कुलदीप यादव, अक्षर पटेल, मो. शमी, मो. सिराज, उमरान मलिक, अर्शदीप सिंह।

श्रीलंका के भारत दौरा:

  • पहिला टी20 – 3 जनवरी, मुंबई
  • दूसरका टी20 – 5 जनवरी, पुणे
  • तीसरका टी20 – 7 जनवरी, राजकोट
  • पहिला वनडे – 10 जनवरी, गुवाहाटी
  • दूसरका वनडे – 12 जनवरी, कोलकाता
  • तीसरका वनडे – 15 जनवरी, तिरुवनंतपुरम
428950cookie-checkIND vs SL: श्रीलंका के खिलाफ हार्दिक के अग्निपरीक्षा, जानीं कब आ कहां देखीं लाइव मैच

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.