[the_ad_group id="30365"]

DDU के असिस्टेंट प्रोफेसर स्मृति मल्ल के मिलल CGEB अवार्ड: वियतनाम में होखे वाला 7 दिनन के MDMD 23 वर्कशॉप में सामिल होई लो स्मृति आ अपूर्वा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर यूनिवर्सिटी के बॉटनी डिपार्टमेंट के असिस्टेंट प्रोफेसर डॉ. स्मृति मल्ल के चयन ICGEB (इंटरनेशनल सेंटर फॉर जीनेटिक इंजीनियरिंग एंड बायोटेक्नोलॉजी इंटरनेशनल) अवार्ड खातिर भइल बा।

असिस्टेंट प्रोफेसर डॉ० स्मृति मल्ल

ICGEB एगो अंतरराष्ट्रीय संस्था बा जवन भारत, इटली आ साउथ अमेरिका के बायोटेक लैब के सहजोग से काम करेला। डॉ. स्मृति के उपलब्धि से यूनिवर्सिटी में हर्ष के माहौल बा। बॉटनी डिपार्टमेंट के HOD प्रो. अनिल कुमार द्विवेदी, यूनिवर्सिटी के रजिस्ट्रार प्रो. शान्तनु रस्तोगी, वीसी प्रो. पूनम टंडन खुसी व्यक्त कइले बा लो।

वियतनाम में होई 7 दिनन के वर्कशॉप

वियतनाम में होखे वाला ‘द सेकंड रेंकांट्रेस डी क्वीन्हॉन: इंटरनेशनल मोलेक्युलर डायग्नोस्टिक्स इन माइक्रोबायोलॉजी एंड डिजीज (MDMD 2023)’ वर्कशॉप के सात दिन के आयोजन में ICGEB अवॉर्ड के तहत पंजीकरण शुल्क के माफ कइल गइल बा। आवास के सुविधा उपलब्ध करावल गइल बा। डॉ. स्मृति मल्ल के संगही उनकर रिसर्च स्कॉलर, अपूर्वा श्रीवास्तव के ICGEB अंतरराष्ट्रीय अवॉर्ड खातिर चयनित कइल गइल बा। उनका के पोस्टर प्रस्तुति खातिर आमंत्रित कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]