[the_ad_group id="30365"]

NEET UG 2024 Syllabus: मेडिकल प्रवेश परीक्षा नीट यूजी के सिलेबस जारी, CBT 5 मई के, जानीं नोटिफिकेशन के तारीख

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

NEET UG 2024 Revised Syllabus: अगिला साल मेडिकल कॉलेजन में दाखिला के तइयारी में जुटल नीट यूजी 2024 के उम्मीदवारन खातिर अपडेट। देश भर के सरकारी आ निजी मेडिकल, डेंटल, आयुष आ नर्सिंग कॉलेजन में संचालित होखे वाला स्नातक स्तरीय कोर्सेस (MBBS, BDS, BAMS, BUMS, BHMS, BSc नर्सिंग) में दाखिला खातिर राष्ट्रीय परीक्षा एजेंसी द्वारा राष्ट्रीय पात्रता सह प्रवेश परीक्षा (नीट) यूजी 2024 के आयोजन कइल जाई। एजेंसी एह प्रवेश परीक्षा के निर्धारित तिथि 5 मई 2024 के घोषणा हाले में जारी एग्जाम कैलेंडर के माध्यम से कइले रहे। एकरा बाद अब राष्ट्रीय आयुर्विज्ञान आयोग (NMC) नीट यूजी 2024 सिलेबस के जारी कs दिहल गइल बा।

NEET UG 2024 Syllabus: अइसे करीं नीट यूजी सिलेबस PDF डाउनलोड

अइसे में जवन उम्मीदवार नेशनल टेस्टिंग एजेंसी द्वारा अगिला साल मई के पहिला सप्ताह में होखे वाला मेडिकल प्रवेश के तइयारी में जुटल बा लो, ऊ नीट यूजी सिलेबस 2024 PDF के एह परीक्षा के आधिकारिक पोर्टल, neet.nta.nic.in से भा एनएमसी के आधिकारिक वेबसाइट, nmc.org.in पs एक्टिव लिंक से डाउनलोड कs सकत बा। वैकल्पिक तौर पs कैंडिडेट्स नीट यूजी सिलेबस 2024 PDF के नीचे दिहल डायरेक्ट लिंक से डाउनलोड कs सकत बानी।

NEET UG 2024 Syllabus: नोटिफिकेशन मार्च के पहिला सप्ताह में संभव

एनटीए द्वारा नीट यूजी 2024 प्रवेश परीक्षा खातिर अधिसूचना जारी करे आ आवेदन प्रक्रिया सुरू होखे के तारीखन के घोषणा अभी नइखे कइल गइल। एजेंसी द्वारा पिछला साल आयोजित एह मेडिकल प्रवेश परीक्षा के पैटर्न के देखल जाव तs निर्धारित परीक्षा तिथि से 3 महीना पहिले नोटिफिकेशन जारी कइल जा सकत बा। एही क्रम में जब नीट यूजी 2024 के आयोजन 5 मई के कइल जाये के बा तs एनटीए नीट यूजी 2024 नोटिफिकेशन के मार्च के पहिला हफ्ता में जारी कs सकत बा। अधिसूचना जारी होखला के संगही नीट यूजी 2024 अप्लीकेशन परीक्षा पोर्टल, neet.nta.nic.in पs सुरू हो जाई।।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]