[the_ad_group id="30365"]

सीएम योगी सुनलें पदाधिकारी लोग के समस्या, जनप्रतिनिधि अउरी पदाधिकारी लोग के संगे कइलें बैइठक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुरादाबाद मंडल के दू दिन के दौरा पर आइल मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ शनिचर के सर्किट हाउस में जनप्रतिनिधि अउरी पदाधिकारी लोग के संगे बैठक कइलन। बैठक में मुख्यमंत्री पदाधिकारी अउर जनप्रतिनिधि लोग के समस्या सुनलें। संगही सुझाव भी मंगलें।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहलें कि हमरे खातिर ई खुशी के बात बा कि, प्रदेश अध्यक्ष के गृह जनपद में बइठक करे आइल बानीं। उ सरकार के उपलब्धि गिनावत भविष्य के योजनाएं भी बतवलें। बैठक में प्रदेश अध्यक्ष चौधरी भूपेंद्र सिंह के स्वागत कइल गइल बा।

मुख्यमंत्री के सोझे सरकारी विश्वविद्यालय, मेडिकल कॉलेज, हवाई अड्डा से उड़ान समेत कई मुद्दा जनप्रतिनिधि लोग उठावल। बइठक में भाजपा विधायक रितेश गुप्ता, महापौर विनोद अग्रवाल, एमएलसी डॉ जयपाल सिंह व्यस्त, डॉ हरि सिंह ढिल्लों, गोपाल अंजान, साध्वी गीता प्रधान, पूर्व विधायक राजेश चुन्नू, केके मिश्रा, जिला अध्यक्ष राजपाल सिंह चौहान, महानगर अध्यक्ष धर्मेंद्र नाथ मिश्रा, पूर्व एमएलसी परमेश्वर लाल सैनी, चेयरमैन विजय भान सिंह, श्याम बिहारी शर्मा, नत्थू राम कश्यप, अंजू लोचब, कमल गुलाटी, राहुल सेठी आदि लोग मौजूद रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]