[the_ad_group id="30365"]

29 दिसंबर के होई CAC के बैठक, जनवरी के पहिला हफ्ता में घोषित हो सकत बा टीम इंडिया के नया चयन समिति

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

BCCI New Selection Committee: भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (BCCI) अब नया चयनकर्ता समिति के गठन खातिर डेग उठावल सुरू कs देले बा। क्रिकेट एडवाइजरी कमेटी (CAC) बियफे के मीटिंग करी आ शॉर्टलिस्ट कइल गइल लोगन के लिस्ट देखी।

जनवरी के पहिला हफ्ता में नया चयनकर्ता समिति के नाम के ऐलान कइल जा सकत बा। चेतन शर्मा के अगुवाई वाली चयनकर्ता समिति के 25 दिसंबर के निकल जाये के रहे, बाकिर नया समिति के गठन ना हो सकला के कारण ओह लोगन के फिलहाल रुके खातिर बोलल गइल बा।

चेतन शर्मा आ हरविंदर सिंह दोबारा चयनकर्ता पद खातिर आवेदन कइले बा लो तs ओहिजा देबाशीष मोहंती आ सुनील जोशी के कार्यकाल समाप्त हो चुकल बा। एह समिति में सामिल लोगन के रणजी ट्रॉफी के तीसरा राउंड के मैच देखे के जिम्मेदारी सउपल गइल बा। श्रीलंका के खिलाफ सीरीज जनवरी के पहिला हफ्ता में सुरू होखे के बा तs एकरा खातिर टीम पुरनके समिति के चुने के पड़ी।

कइसन हो सकत बा नया चयनकर्ता समिति?

पूर्व भारतीय तेज गेंदबाज वेंकटेश प्रसाद नया चेयरमैन बनला के रेस में सबसे आगे बाड़ेंं। सूत्रन के मानल जाव तs मुख्य चयनकर्ता पद खातिर जवन लोग आवेदन कइले बा ओमे वेंकटेश सबसे सफल क्रिकेटर बाड़ें। नया कमेटी में बोर्ड एगो टी20 स्पेशलिस्ट के तलाश कर रहल बा। वेस्ट जोन से सलिल अंकोला के नाम कइयन बेर उठावल जा चुकल बा आ जदि आशीष सेलार के मदद मिलल तs उनका ई मवका मिलल तय बा।

ईस्ट जोन शिव सुंदर दास चुनल जा सकत बाड़ें तs ओहिजा नॉर्थ से मनिंदर सिंह, अतुल वासन आ निखिल चोपड़ा रेस में सामिल बा लो। नयन मोंगियो के नाम लगातार लिहल जा रहल बा जिनका सेंट्रल जोन से मवका मिल सकत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]