[the_ad_group id="30365"]

कॉमनवेल्थ गेम्स के मुक़ाबला शुरू: भारत के विजयी शुरुआत; टेबल टेनिस में मणिका दियवली दुसरका जीत, भारत 2-0 से आगे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

22वें कॉमनवेल्थ गेम्स में भारत के जीत के खाता खुल गइल बा। टेबल टेनिस के महिला ग्रुप-2 के क्वालिफिकेशन राउंड में भारत के सामना साउथ अफ्रीका से हो रहल बा। विमेन सिंगल्स में मणिका बत्रा के मैच मुश्फिक कलाम से जारी बा। मणिका सीधे सेट में 11-5, 11- 3 अउरी 11-2 से जीत लेहले बा। एही के साथ भारतीय टीम 2-0 के बढ़त बना लेहले बा। अब सृजा अकुला विमेन सिंगल्स के दूसर मैच खेल रहल बाड़ी। ऊ पहिले गेम के 11-5 से जीत चुकल बाड़ी।

एसे पहिले सृजा अकुला अउरी रीत टेनिसन के भारतीय जोड़ी साउथ अफ्रीका के लैला एडवर्ड अउरी दानिशा पटेल के खिलाफ डबल्स मैच में 11-7, 11-7, 11-5 से जीत हासिल क लेहले बाड़ी।

लॉन बॉल में तानिया चौधरी 21-10 से हरली

दूसरा ओर लॉन बॉल में भारत के तानिया चौधरी के पराजय झेले के पड़ल बा। उनके स्कॉटलैंड के डी हॉन्ग 21-10 से हरा देहलें। उहवें, राउंड-1 के टीम मुक़ाबला में भारत के सामना न्यूजीलैंड से हो रहल बा। एह मुक़ाबला में भी भारतीय टीम 11-1 से पीछे बा।

पहिले दिन 16 गोल्ड दांव पर बा

बर्मिंघम में चल रहल साल के सबसे बड़ एह स्पोर्ट्स मल्टी इवेंट के पहिले दिन 16 गोल्ड दांव पर बा। एहमें सबसे ज्यादा 7 गोल्ड त स्विमिंग से बा। ट्रैक साइक्लिंग में 6, ट्रायथलॉन में 2 अउरी आर्टिस्टिक जिम्नास्टिक में 1 गोल्ड खातिर खिलाड़ियन के बीच होड़ होई।

एकरे अलावा बैडमिंटन, बॉक्सिंग, महिला क्रिकेट, हॉकी, लॉन बॉल्स, टेबल टेनिस, नेटबॉल, स्क्वॉश जइसन खेल के लीग मुक़ाबला खेलल जाई।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]