[the_ad_group id="30365"]

CWG 2022 : भारतीय पुरुष हॉकी टीम वेल्स के 4-1 से हराके सेमीफाइनल में बनवलस जगह, हरमनप्रीत लगवले हैट्रिक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हरमनप्रीत सिंह के हैट्रिक के मदद से भारत राष्ट्रमंडल खेलन के पुरूष हॉकी स्पर्धा में बियफे के वेल्स के 4-1 से हराके सेमीफाइनल में पहुंच गइल बिया। टोक्यो ओलंपिक के कांस्य पदक विजेता भारतीय टीम पहिलही क्वार्टर से आक्रामक खेल देखवलस, बाकिर वेल्स के डिफेंस ओकर अच्छा जवाब देलस। हालांकि दूसरका क्वार्टर में हरमनप्रीत सिंह दु गो पेनल्टी कॉर्नर के गोल में बदलके भारत के बढ़त दिलवले।

भारत दूसरा क्वार्टर में दु गोल कइल। तीसरका क्वार्टर में भारत बढ़त के 3-0 कs देलस। हरमनप्रीत दूसरा बेर हैट्रिक लगवले। चउथा क्वार्टर में गुरजंत सिंह भारत के बढ़त के 4-0 कs देले। बाकिर तनी देर बाद वेल्स पेनल्टी कॉर्नर के गोल में बदलके मैच में आपन पहिला गोल कइलस।

तीसरा क्वार्टर में भारतीय टीम मैच में पकड़ बना के रखलस। भारत के दु बेर पेनल्टी कॉर्नर मिलल, बाकिर दुनो बेर असफलता हाथे लागल। हालांकि दूसरा पेनल्टी के दौरान भारत के पेनल्टी स्ट्रोक मिलल। एकर फायदा उठावत हरमनप्रीत सिंह वेल्स के खिलाफ हैट्रिक गोल कs कs देले। चउथका क्वार्टर में गुरजंत सिंह एगो फील्ड गोल कइले, जबकि वेल्स खातिर गैरेथ फर्लांग पहिला गोल कइले।

दुनिया के पांचवां नंबर के टीम भारत पहिला मैच में घाना के 11-0 से हरवले रहे बाकिर दूसरका मैच में अनुशासनहीन प्रदर्शन के खामियाजा इंग्लैंड से 4-4 से ड्रॉ के रूप में भुगते के पड़ल। तीसरा मैच में भारतीय टीम वापसी करत कनाडा कनाडा के 8-0 से करारा शिकस्त देले रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]