Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

CWG 2022: आठवें दिन भारत कुश्ती में 3 स्वर्ण, 1 रजत अउरी 2 कांस्य जितले, मनिका बत्रा अउरी महिला हॉकी टीम हारल

2,141

भारत खातिर बर्मिंघम राष्ट्रमंडल खेलन के आठवां दिन पदकन के बारिश ले के आइल। आठवें दिन कुश्ती की शुरुआत भइल अउरी भारत के कई दिग्गज एथलीट्स एहमें दांव-पेंच लगावे खातिर मैट पर उतरलें। भारतीय फैंस के शुक्रवार के पदक अइले के उम्मीद त रहल, लेकिन खाली पदक आइल नाइ, बल्कि पदकन के बारिश भइल। भारत शुक्रवार तीन स्वर्ण, एक अउरी दो कांस्य समेत कुश्ती में कुल छह पदक जितले। एहसे भारत के कुल पदकन के संख्या 26 पहुंच गईल बा। पदक तालिका में भारतीय टीम फिलहाल पांचवें नंबर पर बा।

हालांकि, आठवें दिन भारत खातिर कुछ निराशाजनक नतीजा भी सामने आइल। 2018 गोल्ड कोस्ट कॉमनवेल्थ गेम्स के चैंपियन रहल टेबल टेनिस प्लेयर मनिका बत्रा महिला एकल के क्वार्टर फाइनल में हार गइल। एहसे एक स्वर्ण के उम्मीदन के झटका लागल बा। उहवें,  भारतीय महिला हॉकी टीम सेमीफाइनल में हार गइल। अब महिला हॉकी टीम कांस्य पदक खातिर न्यूजीलैंड के टीम से भिड़ी।

पहले जानीं अब ले के बर्मिंघम राष्ट्रमंडल खेलन में भारत के पदकवीरन के बारे में

  • 9 स्वर्णः मीराबाई चानू, जेरेमी लालरिनुंगा, अंचिता शेउली, महिला लॉन बॉल टीम, टेबल टेनिस पुरुष टीम, सुधीर (पावर लिफ्टिंग), बजरंग पूनिया, साक्षी मलिक, दीपक पूनिया।
  • 8 रजतः संकेत सरगरी, बिंदियारानी देवी, सुशीला देवी, विकास ठाकुर, भारतीय बैडमिंटन टीम, तूलिका मान, मुरली श्रीशंकर, अंशु मलिक।
  • 9 कांस्यः गुरुराजा पुजारी, विजय कुमार यादव, हरजिंदर कौर, लवप्रीत सिंह, सौरव घोषाल, गुरदीप सिंह, तेजस्विन शंकर, दिव्या काकरन, मोहित ग्रेवाल।

आठवें दिन भारत के प्रदर्शन

  • पहलवान बजरंग दिखवले बल, जितले सोना
  • पहलवान साक्षी मलिक रचली इतिहास, स्वर्ण पदक अपने नाम कइलें
  • पहलवान दीपक पूनिया पाकिस्तानी पहलवान के चित क के जितले स्वर्ण
  • पहलवान अंशु मलिक जितले रजत पदक
  • पहलवान दिव्या काकरन जितले कांस्य
  • पहलवान मोहित ग्रेवाल भी कांस्य पदक जितले
  • 2018 कॉमनवेल्थ गेम्स के गोल्ड मेडलिस्ट मनिका बत्रा बाहर
  • हिमा दास 200 मीटर स्प्रिंट के फाइनल खातिर क्वालिफाई नाइ क सकली
  • भारतीय महिला हॉकी टीम सेमीफाइनल में हारी
  • भारतीय पैरा टेबल टेनिस खिलाड़ी भाविना के मेडल पक्का
  • भारतीय रिले टीम फाइनल में
  • शरत कमल प्री- क्वार्टर फाइनल में पहुंचलें
  • लॉन बॉल्स में भारत फाइनल में पहुंचल

 

306140cookie-checkCWG 2022: आठवें दिन भारत कुश्ती में 3 स्वर्ण, 1 रजत अउरी 2 कांस्य जितले, मनिका बत्रा अउरी महिला हॉकी टीम हारल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.