[the_ad_group id="30365"]

CWG 2022 सातवा दिन: हिमा दास 200 मीटर रेस के सेमीफाइनल में पहुंचली, पीवी सिंधु भी जितली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राष्ट्रमंडल खेल 2022 में अब ले भारत कुल 18 पदक जीतले बा, जेमें पांच स्वर्ण, छह रजत अउर सात कांस्य पदक शामिल बा। पदक तालिका में भारत सातवें स्थान पर बा। छठे दिन भारत के कुल पांच पदक मिलल बा। सातवें दिन भी एथलेटिक्स अउरी पैरा पावरलिफ्टिंग में पदक के उम्मीद बा। एकरे अलावा भी कई खिलाड़ी आपन पदक पक्का कर सकत बानें। 

भारत के पदक विजेता

5 स्वर्णः मीराबाई चानू, जेरेमी लालरिनुंगा, अंचिता शेउली, महिला लॉन बॉल टीम, टेबल टेनिस पुरुष टीम
6 रजतः संकेत सरगरी, बिंदियारानी देवी, सुशीला देवी, विकास ठाकुर, भारतीय बैडमिंटन टीम, तूलिका मान
7 कांस्यः गुरुराजा पुजारी, विजय कुमार यादव, हरजिंदर कौर, लवप्रीत सिंह, सौरव घोषाल, गुरदीप सिंह, तेजस्विन शंकर

हिमा दास 200 मीटर रेस के सेमीफाइनल में

हिमा दास 200 मीटर रेस के सेमीफाइनल में जगह बना लेहले। उ 23.42 सेकेंड के समय में आपन रेस पूरा कईली अउरी आपन हीट में पहिले स्थान पर रहली।

बैडमिंटन में पीवी सिंधु जितली

बैडमिंटन में पीवी सिंधु मालदीव के खिलाड़ी के खिलाफ एकतरफा जीत दर्ज कईली। सिंधु फतिमाह नब्बाह के सीधा सेट में 21-4, 21-11 से हरवली। एकरे सथही उ प्री क्वार्टरफाइनल में जगह बना लेहले बाड़ी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]