Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में बीटेक में प्रवेश खातिर नया कट-ऑफ

1,190

गोरखपुर: दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के इंस्टीट्यूट ऑफ इंजीनियरिंग एंड टेक्नोलॉजी में बीटेक में प्रवेश खातिर तीसरा दिन के कॉउंसलिंग सोमार के 11 बजे से 3 बजे तक होई। अनारक्षित संवर्ग के आल कैटेगरी रैंक 197 आ 76 भा ओकरा से बेसी अधिक अंक प्राप्त छात्र कॉउंसलिंग खातिर इंस्टीट्यूट समय प पहुंचे लो।

अनुसूचित जाति कैटेगरी रैंक आ 64 भा ओकरा से अधिका अंक प्राप्त करे वाला अनुसूचित जाति के विद्यार्थियन के कॉउंसलिंग खातिर बोलावल गइल बा। एकरा संगही अनुसूचित जनजाति कैटेगरी रैंक 06 आ 32 भा ओकरा जे अधिका अंक प्राप्त करे वालन विद्यार्थियन के सोमार के कॉउंसलिंग होई। प्रवेश, रैंक आ मेरिट के क्रम में सीट  उपलब्धता के आधार प होई।

विश्वविद्यालय द्वारा स्ववित्तपोषित बीटेक प्रोग्राम में कंप्यूटर साइंस एंड इंजिनीरिंग, आईटी, इलेक्ट्रॉनिक्स एंड कम्युनिकेशन आ मेकैनिकल इंजीनियरिंग पाठ्यक्रमन में प्रवेश प्रक्रिया जारी बा। प्रत्येक पाठ्यक्रम में 60 सीट के उपलब्धता बा। विद्यार्थियन से अनुरोध बा कि ऊ लो प्रवेश खातिर आपन मूल मूल प्रमाण पत्र आ स्वहस्ताक्षरित छायाप्रति के संगे दीक्षा भवन प्रथम तल प उपस्थित हो के आपन प्रवेश सुनिश्चित करे लो।

333380cookie-checkदीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में बीटेक में प्रवेश खातिर नया कट-ऑफ

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.