[the_ad_group id="30365"]

परिषदीय स्कूलन के गैरहाजिर 98 शिक्षक भइलें सस्पेंड, 2323 लोग के रोकल गइल तनखाह, 547 से मांगल गइल सफाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

परिषदीय विद्यालय के विशेष निरीक्षण अभियान में गैरहाजिर मिलल 98 मास्टरन के सस्पेंड कs दिहल गइल बा। सितंबर के पहिले पखवाड़ा के रिपोर्ट के आधार पs ड्यूटी के प्रति लापरवाह कुल 2968 शिक्षकन पs कार्रवाई भइल बा। एहमें 2323 लोग के तनखाह रोकल गइल अउरी 547 से स्पष्टीकरण मांगल गइल।

महानिदेशक स्कूल शिक्षा विजय किरन आनंद विशेष निरीक्षण अभियान 19 से 30 सितंबर ले जारी रखले के निर्देश दिहले बानें। उ अधिकारियन के अभियान में कौनो तरह के लापरवाही न बरतले के हिदायत दीहले बानें। विशेष अभियान के तहत सब मंडलीय सहायक शिक्षा निदेशक (बेसिक) अउरी बीएसए के निर्देश बा कि ऊ जिला के दूरस्थ चार ब्लॉक के चयन करें अउरी खंड शिक्षा अधिकारियन अउरी जिला समन्वयक लोग के रोजाना सुबह 6 बजे से जिला मुख्यालय बुला के चिह्नित विद्यालयन में निरीक्षण खातिर भेजें। निरीक्षण रिपोर्ट के आधार पर लापरवाह शिक्षकन के खिलाफ कार्रवाई करें। एह आधार पर एह महिना के पहिले पखवाड़ा में एह शिक्षकन पर कार्रवाई भइल बा।

निरीक्षण रिपोर्ट न भेजे वाला जिला के अधिकारियन पर भी हो सकsता कार्रवाई

पहिले पखवाड़े के निरीक्षण रिपोर्ट न भेजे वाले 12 जिला के अधिकारियन पर भी कार्रवाई हो सकsता। मथुरा, अलीगढ़, प्रयागराज, बलिया, पीलीभीत, संतकबीरनगर, अंबेडकरनगर, देवरिया, महाराजगंज, जालौन, फर्रुखाबाद अउरी हापुड़ जिला के अधिकारी निरीक्षण रिपोर्ट नाइ भेजले बानें। महानिदेशक एके घोर लापरवाही अउरी अनुशासनहीनता मानत संबंधित अधिकारियन के कड़ कार्रवाई के चेतावनी देहले बाने। उ सब जिला के अगिले निरीक्षण अभियान के ब्योरा अनिवार्य रूप से भेजे के निर्देश दिहले बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]