[the_ad_group id="30365"]

CSIR UGC NET 2024: सीएसआईआर यूजीसी नेट परीक्षा के परिणाम जल्दिये होई जारी, अइसे कs सकेम चेक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

CSIR UGC NET Result 2024: नेशनल टेस्टिंग एजेंसी जल्दिये सीएसआईआर यूजीसी नेट परीक्षा के रिजल्ट जारी कs सकत बा। परीक्षा परिणाम घोषित होखला के बाद आधिकारिक वेबसाइट csirnet.nta.nic.in पs उपलब्ध होई। परिणाम देखे खातिर रउआ पंजीकरण नंबर आ पासवर्ड दर्ज करे के होई। बता दीं कि परीक्षा खातिर कुल दु लाख 25 हजार 335 उम्मीदवार आपन पंजीकरण करववले रहे लो। हालांकि अब तक एनटीए सीएसआईआर यूजीसी नेट के परिणाम से संबंधित अभी कवनो नोटिफिकेशन जारी नइखे कइले।

CSIR UGC NET Result 2024: कब आयोजित कइल गइल रहे

राष्ट्रीय परीक्षण एजेंसी सीएसआईआर यूजीसी नेट 2024 परीक्षा 25, 26 आ 28 जुलाई 2024 के आयोजित कइल गइल रहे। परीक्षा 187 शहरन के 348 परीक्षा केंद्रन पs निर्धारित रहे। पहिले दु दिनन तक परीक्षा दु पालियन में आयोजित कइल गइल रहे। पहिला पाली के परीक्षा सबेरे 9 बजे से दुपहरिया 12 बजे तक रहे, जबकि दूसरका पाली के परीक्षा दुपहरिया तीन बजे से सांझ छव बजे तक रहे।

CSIR UGC NET Result 2024: सीएसआईआर यूजीसी नेट आंसर की

सीएसआईआर यूजीसी नेट के प्रोविजनल आंसर की नव अगस्त के जारी कइल गइल रहे। इहां आपत्ति दर्ज करवावे खातिर उम्मीदवारन के 11 अगस्त तक के समय दिहल गइल रहे। उम्मीदवारन के प्रत्येक आपत्ति खातिर 200 रुपिया के भुगतान करे के रहे। अब कयास लगावल जा रहल बा कि कवनो समय रिजल्ट जारी कइल जा सकत बा। नतीजा घोषित होखला के बाद अभ्यर्थी नीचे दिहल आसान स्टेप के माध्यम से आपन परिणाम चेक कs सकी लो।

CSIR UGC NET Result 2024: अइसे करीं डाउनलोड

  • सबसे पहिले csirnet.nta.nic.in पs जाई।
  • होमपेज पs जाके CSIR UGC NET Result 2024 लिंक पs क्लिक करीं।
  • इहां आपन रजिस्ट्रेशन नंबर आ पासवर्ड दर्ज करीं।
  • रिजल्ट स्क्रीन पs आ जाई
  • नीचे डाउनलोड पs क्लिक कs के स्कोर कार्ड अपना डेक्सटॉप पs सेव कs लीं।

CSIR UGC NET Result 2024: स्कोर कार्ड पs होई ई जानकारी

  • अभ्यर्थी के नाम
  • पिता के नाम
  • माता के नाम
  • रजिस्ट्रेशन नंबर
  • प्राप्तांक
  • कुल मार्क्स
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]