Gorakhapur news: यूपी के एह जिला में दु दिन बंद रही सगरी स्कूल

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 29, 2024

  गोरखपुर में 30 आ 31 अगस्त के कक्षा 1 से 12 ले के सगरी स्कूल बंद रही. ई आदेश डीएम कृष्ण करुणेश जारी कइले बाड़न. दुनो तारीख के उत्तर प्रदेश पुलिस भर्ती अवुरी पदोन्नति

Share

 

गोरखपुर में 30 आ 31 अगस्त के कक्षा 1 से 12 ले के सगरी स्कूल बंद रही. ई आदेश डीएम कृष्ण करुणेश जारी कइले बाड़न. दुनो तारीख के उत्तर प्रदेश पुलिस भर्ती अवुरी पदोन्नति बोर्ड के ऑफलाइन लिखित परीक्षा होखे वाला बा। एकरा से पहिले परीक्षा के चलते 23, 24 अवुरी 25 तारीख के स्कूल भी बंद रहे।

अबकी बेर भी 30 आ 31 तारीख के सरकारी छुट्टी के साथे 1 सितंबर अतवार के पड़ रहल बा। अयीसन में तीन दिन ले स्कूल बंद रही। डीएम कहले कि परीक्षा में हाजिर होखे खातीर शहर में आवे वाला लोग के यातायात अवुरी बाकी समस्या के सामना ना करे के पड़ेला, एकरा के ध्यान में राखत इs फैसला लिहल गईल बा। एकरा के देखत 30 अवुरी 31 अगस्त के सभ स्कूल बंद रही।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.