[the_ad_group id="30365"]

सी०आर०डी०पी०जी० कॉलेज के बी०एड० विभाग में मनल कजरी महोत्सव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पारंपरिक लोकगीतन अउरी लोक परंपरा के प्रचार अउरी संरक्षण के उद्देश्य से चन्द्रकान्ति रमावती देवी आर्य महिला पी०जी० कॉलेज, गोरखपुर के बी० एड० विभाग के ओर से कजरी महोत्सव के आयोजन कइल गइल।

एह अवसर पर प्रबन्धक डा० विजयलक्ष्मी मिश्रा कहली कि लोक परंपरा के जीवित रखल हम सबके जिम्मेदारी ह। प्राचार्य डा० सुमन सिंह कहली कि हमनी के लोक परंपराये लोकगीतन में बसल बा। लोकगीतन में कजरी हमनी के माटी खुशबू बिखेरेले।

बी० एड० विभागाध्यक्ष डा० अपर्णा मिश्रा कहली कि हमनी के लुप्त होत कला के रक्षा कइल महत्वपूर्ण बा। कार्यक्रम के माध्यम से बी०एड० छात्राध्यापिका लोग लोकनृत्य झूलागीत आदि प्रस्तुत कर सबके मंत्रमुग्ध क देहली। कार्यक्रम के संयोजन अउरी संचालन बी0एड0 विभाग के श्रीमती ऋचा दूबे कइली।

एह अवसर पर डा० रेखा श्रीवास्तव, श्रीमती स्वप्निल पाण्डेय, डा० निशा श्रीवास्तव, डा० सारिका दूबे, डा० इतेन्द्रधर दूबे, श्री अनन्त पाठक, सुश्री सुमनलता, श्रीमती श्वेता सिंह, डा० विकास कुमार श्री० श्री शैलेन्द्र कुमार राव, डा० रेखारानी शर्मा, डा० वीरेन्द्र कुमार गुप्त डा० प्रियतोष मिश्र, श्रीमती सोनू दूबे आदि प्रवक्तागण उपस्थित रहलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]