[the_ad_group id="30365"]

अल्लू अर्जुन के बाद अब सोशल मीडिया पs छाइल ‘बिहारी पुष्पा’, वीडियो देख रउओ सभे ना रोक पाएम हंसी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली: पिछला साल साउथ सिनेमा के सुपरस्टार अल्लू अर्जुन के फिलिम पुष्पा : द राइस रिलीज भइल रहे। एह फिलिम के बॉक्स ऑफिस पs दर्शकन द्वारा खुबे पसंद कइल गइल रहे। फिलिम पुष्पा के लेके दीवानगी अभी तक दर्शकन के बीचे खत्म नइखे होती। अल्लू अर्जुन के फैंस सहित फिलिम के दर्शक अक्सर पुष्पा के सीन आ डायलॉग्स के लेके चर्चा करत रहेला लो। एही बीच अब बिहार के एगो फैन फिलिम पुष्पा के स्कूप बनवले बाड़े, जवन सोशल मीडिया पs जमके वायरल हो रहल बा।

मशहूर यूट्यूबर आदर्श आनंद ने अपना आधिकारिक यूट्यूब अकाउंट पs आपन एगो वीडियो शेयर कइले बाड़े। उनकर ई वीडियो फिल्म पुष्पा के स्कूप हs। एह वीडियो में आदर्श आनंद पुष्पा के अल्लू अर्जुन के तरे एक्टिंग करत दिखाई दे रहल बाड़े। एह वीडियो के अंदर पुष्पा के तरह डायलॉग बोल रहल बाड़े। संगही ओकरे तरे चलके देखावतो बाड़े। वीडियो में आदर्श आनंद के अलग अंदाज देखे के मिल रहल बा।

उनकर एह अंदाज के देख केहुओ के हंसी छूट सकत बा। सोशल मीडिया पs फिलिम पुष्पा के स्कूप के वीडियो तेजी से वायरल हो रहल बा। कइयन गो सोशल मीडिया यूजर्स वीडियो के खूब पसंद कs रहल बा लोग। संगही कमेंट कs के आपन प्रतिक्रिया दे रहल बा लो ।बात करीं फिलिम पुष्पा के तs ई फिलिम पिछला साल दिसंबर में सिनेमाघरन में रिलीज भइल रहे, जवन बॉक्स ऑफिस पs शानदार कमाई कइले रहे। अल्लू अर्जुन के अलावा फिलिम में पुष्पा में रश्मिका मंदाना मुख्य भूमिका रहली। फिलिम के दर्शक अभी तक खूब पसंद कर रहल बा लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]