[the_ad_group id="30365"]

वाराणसी में रिंग रोड के लग्गे मुठभेड़ में दू बदमाश भइलें ढेर, सिपाही के भी लागल गोली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वाराणसी में पिछले दिन रोहनिया क्षेत्र में दरोगा के गोली मार के पिस्टल लूटे वाले बदमाशन अउर कमिश्नरेट पुलिस के बीच सोमार के बड़ागांव इलाके में मुठभेड़ हो गइल। रिंग रोड किनारे भोरे-भोरे मुठभेड़ में पुलिस अउर बदमाशन के बीच जमकर गोली चलल। मुठभेड़ में दू बदमाश मारल गइल बानें। जबकि तीसरा मौका से फरार होखले में कामयाब हो गइल।

पुलिस बदमाशन के लग्गे से एक 9 एमएम पिस्टल अउर एक 32 बोर के पिस्टल, बाइक, मोबाइल फोन अउर जरूरी कागजात बरामद कइल बा। बदमाश कुल लक्सा थाना में तैनात दरोगा अजय कुमार पर कुछ दिन पहिलही जानलेवा हमला कs के उनकर पिस्टल लूट लेहले रहनें सब। एकरे बाद से ही पुलिस के बदमाशन के तलाश रहल।

क्राइम ब्रांच अउर बड़ागांव पुलिस के सूचना मिलल कि बदमाश रिंग रोड के लग्गे बा। पुलिस टीम घेराबंदी कइलस। एही दौरान बदमाशन के टीम पर कई राउंड फायरिंग कइलस। जेमें क्राइम ब्रांच के आरक्षी शिव बाबू घायल हो गइलें। जवाबी कार्रवाई में दू बदमाशन के भी गोली लागल अउर ऊ घाही हो गइलें, बदमाशन के इलाज खातिर अस्पताल ले जाइल गइल। इहां दूनो के मृत घोषित कs दिहल गइल।

पुलिस कमिश्नर ए सतीश गणेश के मुताबिक मौका पर फील्ड यूनिट सहित अन्य अधिकारियन के रवाना कइल गइल, जबकि हाल ही में दरोगा के लूटल पिस्टल से बरामद 9 एमएम पिस्टल के मिलान के कार्रवाई खातिर ओके भेजल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]