[the_ad_group id="30365"]

गाय अउरी कुत्ता पालल भइल महंग, लाइसेंस के फीस बढ़ल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पहिलही से महंगाई के मार झेल रहल शहरवासियन पर नगर निगम अब अउर बोझ बढ़ा दिहले बा। एहमें गाय अउरी विदेशी नस्ल के कुत्ता पाले वालन के लाइसेंस शुल्क बढ़ावे के साथ पालतू पशुअन के इलाज करे वाली क्लीनिक, क्रेच, ब्रीडिंग सेंटर, उनकर जांच करे वाली लैब, फीडिंग अउरी अन्य सामान बेचे वाले स्टोर खातिर लाइसेंस अनिवार्य कs शुल्क वसूली के मंजूरी दे देहले बा।

गाय पाले खातिर लाइसेंस शुल्क 30 रुपया से बढ़ा के 500 रुपया सालाना हो गइल बा। एही तरह विदेशी कुत्ता के लाइसेंस शुल्क 500 से बढ़ा के 1000 रुपये कइल गइल बा। देशी कुत्तन के लाइसेंस शुल्क पहिलही एतना 200 रुपया सालाना रखल बा। अब कुत्ता के डिजिटल लाइसेंस बनी। एहमें एगो चिप कुत्ता में लगावल जाई। लाइसेंस भी अधिकम दू कुत्ता पाले के मिली। मैनुअल लाइसेंस बनावे के प्रक्रिया भी जारी रही।

पेट्स क्लीनिक अउरी स्टोर के लाइसेंस फीस

पेट्स क्लीनिक (केवल पालतू पशु उपचार खातिर) — 5000
पेट्स ब्रीडिंग सेंटर (अधिकतम तीन ब्रीड खातिर) — 10, 000
पेट्स ब्रीडिंग सेंटर (अधिकतम पांच ब्रीड खातिर) — 15, 000
पेट शॉप — 10000
पेट स्टोर — 10000
वेटनरी डायगनोस्टिक लैब — 10000
पेट क्लीनिक प्लस पेट स्टोर — 10000
पेट क्लीनिक, पेट स्टोर अउरी वेटनरी पेट डायगनोस्टिके लैब — 20000
पेट क्रेच — 10000

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]