[the_ad_group id="30365"]

कोविड19 भारत : कोरोना बन गईल खतरनाक, एक लाख के करीब सक्रिय मरीज, एक दिन में 27 के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देश में कोरोना संक्रमण खतरनाक हो रहल बा। पछिला कुछ दिन से रोज के मामला में भारी बढ़ोतरी भईल बा। हर दिन 10 हजार से अधिका केस सामने आ रहल बा। केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय के रिपोर्ट के मुताबिक, पछिला 24 घंटा में फेर से 11,793 नयका कोरोना संक्रमित के खुलासा भईल। भलही इ संख्या सोमवार के मुक़ाबले कम बा, लेकिन आंकड़ा डरावना बा। सोमार का दिने देश में 17 हजार 73 गो कोरोना संक्रमित मिलल रहे.

केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय के आंकड़ा के मुताबिक देश में सक्रिय कोरोना मरीज के संख्या में भी तेजी से बढ़ोतरी होखता। अब देश में सक्रिय मरीजन के संख्या एक लाख का करीब हो गइल बा. आजु जारी आंकड़ा के मुताबिक 96,700 कोरोना मरीज के इलाज चलत बा।

एक दिन में 27 लोग के मौत हो गईल

देश में कोरोना के चलते मरेवाला लोग के संख्या में भी उतार-चढ़ाव जारी बा। पिछला 24 घंटा में देश में कोरोना 27 लोग के जान ले लिहलस। जहां एक दिन पहिले 21 लोग के मौत हो गईल रहे। अब देश में कोरोना के चलते मौत के कुल संख्या बढ़ के 525047 हो गईल बा।

अधिक संक्रमण के बादो कम जांच

विश्व स्वास्थ्य संगठन के मुताबिक, जदी कोरोना के रोज चाहे साप्ताहिक संक्रमण के दर पांच प्रतिशत चाहे ओकरा से जादे बा, त ए स्थिति के चिंताजनक मानल जाता। सोमार का दिने दैनिक सकारात्मकता दर 5.62 फीसदी दर्ज भइल जबकि साप्ताहिक सकारात्मकता दर 3.39 फीसदी दर्ज भइल.

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]