[the_ad_group id="30365"]

कोरोना : कोरोना केस में भारी बढ़ोतरी, काल्ह के मुक़ाबले 50 प्रतिशत जादा मरीज मिलले, 21 के मौत हो गईल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देश में कोरोना संक्रमित के संख्या में बढ़ोतरी से एक बेर फेर जनता के चिंता बढ़ गईल बा। स्वास्थ्य मंत्रालय के सोमवार के जारी आंकड़ा के मुताबिक, पछिला 24 घंटा में 17,073 नयका कोरोना के मामला सामने आईल बा, जवन कि काल्ह के मुक़ाबले लगभग 50 प्रतिशत जादा बा। एकरा संगे-संगे 21 मरीज के जान गईल। आईं बता दीं कि काल्हु के आंकड़ा में 11739 गो मरीज मिलल आ 25 गो मरीजन के मौत हो गइल. हालांकि पछिला 24 घंटा में 15,208 लोग के भी डिस्चार्ज कईल गईल। देश में सक्रिय मरीजन के संख्या 94420 हो गइल बा जवन काल्हु का मुकाबले 1844 अधिका बा. महामारी के शुरुआत के बाद से कुल 52,50,20 लोग के मौत हो चुकल बा।

दिल्ली में 666 नए कोरोना केस

पिछला 24 घंटा में दिल्ली में 666 गो नया कोरोना केस मिलल बा आ 6 लोग के मौत हो गइल बा। एकरा संगे-संगे संक्रमण के दर 7.8 प्रतिशत दर्ज भईल। कुल सक्रिय केस के संख्या 4717 बा। सबसे चिंता के बात इ बा कि पछिला एक सप्ताह में 17 जून के दिल्ली में 190 कंटेनमेंट जोन रहे जवन कि 24 जून तक बढ़ के 322 हो गईल बा।

महाराष्ट्र में पिछले 24 घण्टे में कोरोना के 6,493 केस

महाराष्ट्र में पिछला 24 घंटा में कोरोना के 6493 केस मिलल बा आ एह दौरान 5 गो मरीजन के मौत हो गइल। एकरा संगे राज्य में कुल संक्रमित के संख्या बढ़ के 79,56,848 हो गईल बा अवरू मरेवाला के संख्या बढ़ के 1,47,905 हो गईल बा। बीजे मेडिकल कॉलेज, पुणे के रिपोर्ट के मुताबिक महाराष्ट्र में ओमाइक्रोन सब वेरिएंट बीए.5 के 3 अवुरी बीए.4 के 2 मरीज के पता चलल। विभाग जानकारी देलस कि इ सभ नमूना 10 से 20 जून 2022 के दौरान संकलन कईल गईल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]