[the_ad_group id="30365"]

एगो बढ़िया खबर! कैंसर के मरीजन के इलाज नया तकनीक से कइल जाई, 30 बेड के वार्ड तइयार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अब पीजीआई में कैंसर मरीजन के सही इलाज दवाई आ नया तकनीक से कइल जाई। एह संस्थान में दू से तीन महीना में मेडिकल ऑन्कोलॉजी के एगो नया विभाग सुरू हो जाई। एह विभाग में चार गो डाक्टर आ 12 गो रेजिडेंट राखे के प्रस्ताव के सरकार मंजूरी दे देले बिया। ओपीडी आ 30 बेड के वार्ड बन के तइयार बा। अब तक ऑन्कोलॉजी विभाग के कमी के चलते हर प्रकार के कैंसर के मरीज के इलाज ना होखत रहे।

पीजीआई के निदेशक डा. आरके धीमन कहले कि जल्दिये डॉक्टर लो के बहाली खातिर विज्ञापन जारी कइल जाई। तैनाती होखते इलाज सुरू हो जाई।

एडवांस स्टेज के इलाज संभव होई :

संस्थान के सीएमएस अवुरी ब्रेस्ट एंडोक्राइन सर्जन डॉ. गौरव अग्रवाल बतवले कि मेडिकल ऑन्कोलॉजी विभाग में पहिला स्टेज से एडवांस स्टेज तक कैंसर के इलाज होई। नया तकनीक में दवाई, कीमोथेरेपी, इम्यूनोथेरेपी आ हार्मोन थेरेपी आ अउरी कई गो तरीका सभ के सामिल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]