[the_ad_group id="30365"]

Covid-19 Update: थमे लागल कोरोना के रफ्तार, 24 घंटा में मिलल 3720 नया मामिला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

अब सक्रिय केस कुल संक्रमण के 0.09 प्रतिशत बा, जबकि मंत्रालय के मुताबिक राष्ट्रीय कोविड-19 से ठीक होखे के दर 98.73 प्रतिशत दर्ज भईल बा। राष्ट्रीय स्तर पे कोरोना से मृत्यु दर 1.18 प्रतिशत बा। मंत्रालय के वेबसाइट के मुताबिक देशव्यापी कोविड-19 टीकाकरण अभियान के तहत देश में अभी तक टीका के 220.66 करोड़ खुराक दिहल गईल बा।

पिछला 24 घंटा के दौरान भारत में कोरोना वायरस संक्रमण के 3,720 नया मामला सामने आइल बा, जबकि एह दौरान 20 संक्रमित लोग के मौत भइल बा, जबकि 7,698 लोग संक्रमण मुक्त हो गइल बा। केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय के ओर से आज सबेरे 8 बजे तक जारी भईल अपडेट आंकड़ा के मुताबिक, अब देश में सक्रिय केस के संख्या 40,177 बा। कोरोना के चलते मरेवाला के संख्या अब बढ़ के 5,31,584 हो गईल बा। आंकड़ा के मुताबिक देश में अभी तक 4.49 करोड़ (4,49,56,716) लोग कोरोना से संक्रमित भईल बाड़े। एकरा संगे संक्रमण मुक्त होखेवाला लोग के संख्या अब 4,43,84,955 हो गईल बा।

 

केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय के आंकड़ा के मुताबिक मंगलवार के भारत में 24 घंटा में करीब 3,325 नया कोविड-19 संक्रमण दर्ज भईल। सोमार के दिने भारत में कोरोना के 4282 नया केस दर्ज भइल आ एकरा से एक दिन पहिले 5874 गो कोविड केस मिलल। एही बीच अब कुल संक्रमण के 0.09 प्रतिशत सक्रिय केस बा, जबकि राष्ट्रीय कोविड-19 से ठीक होखे के दर 98.73 प्रतिशत दर्ज भईल मंत्रालय के मुताबिक। राष्ट्रीय स्तर पे कोरोना से मृत्यु दर 1.18 प्रतिशत बा। मंत्रालय के वेबसाइट के मुताबिक देशव्यापी कोविड-19 टीकाकरण अभियान के तहत देश में अभी तक टीका के 220.66 करोड़ खुराक दिहल गईल बा।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]