[the_ad_group id="30365"]

सब इंस्पेक्टर के निकलल भर्ती, फायर स्टेशन ऑफिसर बने के भी बा मौका, 37 साल बा एज लिमिट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

BPSSC Bihar SI Recruitment 2023: उपनिरीक्षक बने के चाहत युवा लोग खातिर जबरदस्त मौका बा। नवहियन के निषेध विभाग में उपनिरीक्षक बने के बढ़िया मौका मिलल बा। एकरा संगे गृह विभाग में फायर स्टेशन ऑफिसर के बहाली भी सामने आईल बा। इ बहाली बिहार राज्य में हो रहल बा। बिहार पुलिस अंडर सर्विस कमीशन, बीपीएसएससी एकरा खातीर अधिसूचना जारी कईले बिया।

आयोग के ओर से जारी अधिसूचना के मुताबिक भर्ती प्रक्रिया के माध्यम से उप निरीक्षक निषेध के 11 अवुरी उप संभागीय फायर स्टेशन अधिकारी के 53 पद भरल जाई। दुनो पद के लेवल 6 के तहत वेतनमान दिहल जाई।

कहाँ आ कइसे आवेदन कइल जाव

एह पदन पे बहाली खातिर आवेदन ऑनलाइन मोड में जमा करावे के पड़ी। जवना खातिर रउरा आधिकारिक वेबसाइट bpssc.bih.nic.in पे जा सकेनी। आवेदन प्रक्रिया काल्ह यानी 4 मई से शुरू हो जाई। एकरा संगे आवेदन जमा करावे खातीर 4 जून तक समय दिहल जाई।

शैक्षणिक योग्यता का होखे के चाहीं

बहाली खातिर निर्धारित शैक्षणिक योग्यता के तहत पद पे आवेदन करे खातीर उम्मीदवार के स्नातक होखल जरूरी बा। एकरा अलावे उम्मीदवार के उम्र 20 साल से 37 साल के बीच होखे के चाही। अवुरी महिला के अधिकतम उमर 40 साल बा।

साभार- न्यूज़ 18

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]