ट्रेन ह कि जादू के घर? इहाँ घूमेला कुर्सी , कांच के छत से लउकेला आसमान

By Anurag Ranjan

Published on: May 3, 2023

अइसन ट्रेन ना देखले होखब जवना ट्रेन के हम बात करत बानी ओकर नाम ह डेक्कन क्वीन ट्रेन… इ ट्रेन महाराष्ट्र के पुणे में चलेले। ट्रेन के छत कांच से बनल बा, मतलब भीतर बईठ

Share

अइसन ट्रेन ना देखले होखब

जवना ट्रेन के हम बात करत बानी ओकर नाम ह डेक्कन क्वीन ट्रेन… इ ट्रेन महाराष्ट्र के पुणे में चलेले। ट्रेन के छत कांच से बनल बा, मतलब भीतर बईठ के आसमान आसानी से देखाई देता। कुर्सी एकरा में घूमे वाला बा, मतलब कि कुर्सी पे बईठ के आप पूरा तरीका से सफर के आनंद ले सकतानी।

डेक्कन क्वीन ट्रेन कहाँ चलेले

डेक्कन क्वीन के हिंदी में ‘दक्कन की रानी’ कहल जाला। ट्रेन नंबर 12123 बा आ ई मुंबई से पुणे ले चलेले। ट्रेन के मुंबई से पुणे पहुंचे में तीन घंटा लागेला। मुंबई (सीएसटीएम) से हर दिन सबेरे 5:00 बजे निकलेला आ रात 8:25 बजे पुणे ले चलेला। ट्रेन में कई तरह के सुविधा बा। कांच के छत, अनोखा खिड़की आ घूमत कुर्सी एकरा के खास बनावेला।

 डेक्कन क्वीन ट्रेन के किराया

इहाँ तक कि ए ट्रेन के कुर्सी के रंग भी काफी अनोखा बा। ट्रेन में बहुत जगह बा। एह आलीशान ट्रेन में यात्रा कइल काफी यादगार बा। अगर रउवा यात्रा करे के बा त बुद्धि कोच के ईसी सीट के किराया मात्र 1105 रुपया बा। एह कोच में यात्रा कइल अपने आप में बहुते मजेदार होला।

डेक्कन क्वीन कब से शुरू भइल रहे?

डेक्कन क्वीन ट्रेन के इतिहास लगभग 100 साल पुरान बा। एकर शुरुआत 1 जून 1930 से भइल। तब भारत के सुपरफास्ट ट्रेन में से एगो रहे। इहो कहल जाला कि ई भारत के पहिला लग्जरी ट्रेन रहे। मुंबई से लेके पुणे तक व्यापार आ अउरी चीजन के बढ़ावे खातिर शुरू भइल।

साभार- abplive

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.