[the_ad_group id="30365"]

Controversy: महाराष्ट्र में प्रधानमंत्री मोदी के खिलाफ शिवसेना यूबीटी गुट के नेता संजय राउत के आपत्तिजनक बयान के बाद उनका खिलाफ FIR दर्ज। औरंगजेब से जोड़ले रहन नरेंद्र मोदी के नाव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

विवाद : शिवसेना-यूबीटी के नेता संजय राउत प्रधानमंत्री के निशाना बनावत कहले कि अगर औरंगजेब के महाराष्ट्र में दफना दिहल गइल त… दोसरा ओरी प्रियंका चतुर्वेदी के श्रीकांत शिंदे के संबंध में दिहल बयान प बवाल मचल बा।

लोकसभा चुनाव के उत्साह के बीच नेता लोग के जीभ के फिसलन जारी बा। अब शिवसेना-यूबीटी नेता संजय राउत अपना बयान से एगो नया विवाद पैदा कर दिहले बाड़न । उ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के खिलाफ असंसदीय भाषा के इस्तेमाल कइले बाड़े। राउत कहले कि जदी हम औरंगजेब के महाराष्ट्र में दफना देले रहतीं त…

पीएम मोदी प संजय राउत के विवादित बयान

अहमदनगर में जनसभा के संबोधित करत संजय राउत कहले कि छत्रपति शिवाजी महाराज के जनम महाराष्ट्र में आ औरंगजेब के जन्म गुजरात में भइल रहे। प्रधानमंत्री आ गृहमंत्री के उद्योगपति बतावत राउत कहले कि नरेंद्र मोदी आ अमित शाह के जन्म भी गुजरात में भइल रहे शिवसेना-यूबीटी के नेता कहले कि, ‘छत्रपति शिवाजी महाराज के जन्म महाराष्ट्र में भइल रहे, एहीसे महाराष्ट्र के आपन इतिहास बा।’ ई औरंगजेब के जनम गुजरात में भइल रहे, इतिहास देखऽ। उनकर जनम दहोद गाँव में भइल रहे। ध्यान रहे कि एक बेर हमनी औरंगजेब के महाराष्ट्र से भगा देले रहनी। औरंगजेब 27 साल तक महाराष्ट्र जीते खातिर लड़त रहले। अंत में उहे औरंगजेब के दफनावे के बाद हम ओकर कब्र बनवनी, फेर….

शिवसेना-यूबीटी नेता प्रियंका चतुर्वेदी के बयान प हंगामा

दोसरा ओरी शिवसेना-यूबीटी नेता प्रियंका चतुर्वेदी के बयान के बाद महाराष्ट्र में बवाल मचल बा। मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे के बेटा आ सांसद श्रीकांत शिंदे का खिलाफ विवादित बयान दिहला का बाद महायुति गठबंधन प्रियंका चतुर्वेदी के निशाना बनवले बा । संजय निरुपम एक्स प लिखले कि, ‘जदी रउवा बयान के हर शब्द प विश्वास करतानी त आदित्य ठाकरे के माथे प ‘ हमार….’ लिखे के चाही।’ काहे कि भाजपा से गठबंधन तूड़ के उनकर बाबूजी उनका के धोखा देले रहले । निरुपम आगे लिखले कि उद्धव बालासाहेब के विचारधारा के एक तरफ रख के ओही कांग्रेस में शामिल हो गइले, जवना के बालासाहेब जीवन भर विरोध कइले रहले। निरुपम पूछले कि शिवसेना-यूबीटी ए विश्वासघात प काहे चुप बा ? बता दीं कि बुध का दिने घाटकोपर में महा विकास अघादी (एमवीए) के उम्मीदवार संजय दीना पाटिल के समर्थन में चुनावी रैली का दौरान प्रियंका चतुर्वेदी सीएम शिंदे के बेटा श्रीकांत शिंदे का बारे में विवादित टिप्पणी कइले रहली ।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]