UP Lok Sabha Election: आज गोरखपुर में चुनावी जनसभा के संबोधित करिहें सीएम योगी, सांसद रवि किशन खातिर मंगलें वोट

By Anurag Ranjan

Published on: May 10, 2024

लोकसभा चुनाव के लेके कइयन हो चुनावी सभा के संबोधित कइला के बाद मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बियफे के सांझ गोरखनाथ मंदिर पहुंचलें। ऊ सुक के दिग्विजनाथ पार्क में भाजपा प्रत्याशी के पक्ष में आयोजित चुनावी

Share

लोकसभा चुनाव के लेके कइयन हो चुनावी सभा के संबोधित कइला के बाद मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बियफे के सांझ गोरखनाथ मंदिर पहुंचलें। ऊ सुक के दिग्विजनाथ पार्क में भाजपा प्रत्याशी के पक्ष में आयोजित चुनावी जनसभा के संबोधित करिहें।

ई जनसभा सबेरे 10 बजे आयोजित बा। गोरखपुर के चुनावी कार्यक्रम के बाद योगी एगो आउर जनसभा के संबोधित करे खातिर के लिए बहराइच खातिर रवाना हो जइहें। उहां से उनका प्रदेश के कइयन जो आउर जगहन पs चुनावी जनसभा खातिर जाये के बा।

बियफे के गोरखनाथ मंदिर पहुंचला के बाद ऊ सबसे पहिले गुरु श्रीगोरक्षनाथ के मंदिर में जाके पूरा विधि-विधान से उनकर आराधना कइलें। एही क्रम में ऊ अपना गुरु ब्रह्मलीन महंत अवेद्यनाथ के समाधि पs पहुंचलें आ पूजा-अर्चना कs  के उनकर आशीर्वाद लेलें।

रात के विश्राम खातिर अपना शयनकक्ष में जाये से पहिले ऊ मंदिर परिसर के भ्रमण कs के बेवस्था देखलें आ बेवस्था के बेहतर बनावे खातिर मंदिर प्रबंधन से जुड़ल लोगन के जरूरी निरदेस देलें।

महाराणा प्रताप शिक्षा परिषद से जुड़ल प्रमुख लोगन के संगे बैठक कs के ऊ परिषद के ओर से संचालित शैक्षणिक आ शिक्षणेत्तर कार्यन के जानकारियो लेलें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.