[the_ad_group id="30365"]

बिजली निगम के लापरवाही का खामियाजा भुगत रहल बानें उपभोक्ता, गलत बिल बनल परेशानी के सबब

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर बिजली निगम के बिलिंग कंपनी के लापरवाही के खामियाजा उपभोक्ता लोग के भुगते के पड़ रहल बा। फर्म के कर्मचारी गलत बिल चाहे लमहर समय से उपभोक्ता के बिलवे नाइ दे रहल बानें, एसे उपभोक्ता लोग के बिजली के ज्यादा रकम अउर ब्याजो देवे के पड़sता।

कुछ दिन पहिले सहारा इस्टेट अउर बक्शीपुर खंड में अइसन मामला सामने आइल रहे। एपर बिजली निगम के टीम जांच करववलस अउर 2 मीटर रीडर के समस्या के समाधान कइलस। उपभोक्ता लोग के आरोप बा कि मीटर रीडर पांच से छह महीना बीत गइला के बादो बिल नाइ भेजsता।

उपभोक्ता जब निगम के दफ्तर जा के बिल नाइ मिलले के शिकायत करेने त उनके मीटर रीडिंग के वीडियो बना के लावे के कहल जाला। वीडियो नाइ बनाकर लइलें से बिल जमा होखले के बावजूद दोबारा कई गुना अधिक बिल थमवलें के मामला सोझे आइल बा।

उहवें, अधिकारी इके सामान्य मामला बतावताने। अधीक्षण अभियंता शहरी यूसी वर्मा बतवलें कि आजुकल मीटर एजेंसी के लापरवाही से बिलिंग में गड़बड़ी के शिकायतें आ रहल बा। निगम अपने स्तर से भी जांच करववलें रहे। दोषी मिलले पर दू बिलिंग कंपनियन के कर्मचारियन के सेवा समाप्त कइल गइल रहे।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]