[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर शहरी क्षेत्र के 4,300 बिजली उपभोक्ता लोग के बढ़ल परेशानी, जानीं कहां अउरी का भइल रहे गलती

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर शहरी क्षेत्र के 4,300 बिजली उपभोक्ता लोग के उनकरिये चूक से बड़ परेशानी झेले के पड़ी। इ लोग एकमुश्त समाधान योजना में पंजीकरण त करवावल लेकिन किस्त बाउंस कर दिहल। अब विभाग ओही किस्त के धनराशि ब्याज के संगे बिजली बिल में जोड़ के उपभोक्ता लोग के पास भेज रहल बा। अइसन उपभोक्ता लोग के अब निगम के कौनो छूट वाली योजना के लाभो नाइ मिली।

दरअसल, प्रदेश सरकार के निर्देश पर पावर कारपोरेशन जून में एकमुश्त समाधान योजना (ओटीएस) लागू कइलें रहे। नगरीय वितरण मंडल के करीब 21,500 बकाएदार लोग पंजीकरण कराके 5.40 करोड़ के सरचार्ज में छूट लेके 17 करोड़ जमा कइल। एहमें ज्यादातर लोग एक से छह माह में भुगतान कइलें खातिर किस्त बनवावल, जेसे बकाया में कनेक्शन न कटे पावे।

एकर लाभ खाली ओह उपभोक्ता लोग के ही मिलित जिनकर कौनो किस्त बाउंस न होखे। लेकिन शहरी क्षेत्र के 4,300 बकाएदार अइसन बाड़न जे किस्त बाउंस होखला पs सरचार्ज की जद में आ गइल बाड़न। एह बकाएदारन पर बिलिंग सिस्टम 1.08 करोड़ रुपया के सरचार्ज बिजली बिल में जोड़ दिहलें बा।

अधीक्षण अभियंता शहरी यूसी वर्मा बतवलें कि उपभोक्ता के सुविधा खातिर एह योजना के शुरू कइल गइल रहे। अब अइसन बकाएदारन के भविष्य में आवे वाली ओटीएस योजना के भी लाभ नाइ मिली।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]