[the_ad_group id="30365"]

भाजपा प्रदेश अध्यक्ष भूपेंद्र चौधरी पहुंचलें लखनऊ, भाजपा कार्यकर्ता लोग कइल भव्य स्वागत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भाजपा के नया-नया चुनाइल प्रदेश अध्यक्ष भूपेंद्र चौधरी सोमार दुपहर के शताब्दी एक्सप्रेस से लखनऊ पहुंचलें। लखनऊ पहुंचने पर चारबाग रेलवे स्टेशन पs उनकर भव्य स्वागत कइल गइल। स्टेशन पर प्रदेश सरकार के मंत्री लोग, पार्टी के कार्यकर्ता लोग मिलके उनकर स्वागत कइल। चारबाग रेलवे स्टेशन से ऊ भव्य जुलूस के संगे पार्टी के प्रदेश मुख्यालय पहुंचलें। उहां मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ, उप मुख्यमंत्री केशव प्रसाद मौर्य, ब्रजेश पाठक, निवर्तमान प्रदेश अध्यक्ष स्वतंत्र देव सिंह, प्रदेश महामंत्री संगठन धर्मपाल सिंह के मौजूदगी में भूपेंद्र चौधरी कार्यभार सम्हरनें।

भूपेंद्र चौधरी के स्वागत खातिर लखनऊ के एकदम भगवामय कs देहल गइल बा। रेलवे स्टेशन से हज़रतगंज चौराहा ले मार्ग के होर्डिंग, बैनर अउर भाजपा के झंडा से सजावल गइल। भाजपा के 20 से अधिक सांसद भूपेंद्र चौधरी के संगे शताब्दी एक्सप्रेस से पहुंचल बानें

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]