[the_ad_group id="30365"]

अखिलेश बोलले- तिरंगा यात्रा के साथ दंगा करा सकत बिया भाजपा, सत्ता में अइलीं त कराएब जातीय जनगणना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अखिलेश बोलले- तिरंगा यात्रा के साथ दंगा करा सकत बिया भाजपा, सत्ता में अइलीं त कराएब जातीय जनगणना

सपा अध्यक्ष अखिलेश यादव कहलें कि भाजपा आरएसएस के राजनीतिक दल ह। आरएसएस पांच दशक ले अपने नागपुर मुख्यालय पर राष्ट्रीय ध्वज नाइ फहरववलस। समाजवादी जनेश्वर पार्क में सबसे ऊंच झंडा लगववलस। हमनीके तिरंगा के सम्मान करेनी जा।

अखिलेश यादव कहलें कि भाजपा के लोग हमेशा लोग के बांटके राजनीति करेने। डिप्टी सीएम पिछड़े वर्ग से बानें एहलिए उनके आगे करके ई दिखावल चाहतने कि भाजपा पिछडा लोग के साथ बा, पर वास्तव में अइसन नाइ बा।

ऊ आरोप लगवलें कि भाजपा तिरंगा यात्रा के साथ दंगा भी करवा सकत बिया। कासगंज में पिछले साल अइसन भइल रहल। ऊ कहलें कि भविष्य में जब कब्बो सपा के सरकार बनल त जातीय जन गणना करवावल जाई। सपा अध्यक्ष मनलें कि विधान परिषद प्रत्याशी कीर्ति कोल के पर्चा रद्द होखले में उनके ऑफिस के बड़ गलती रहल।

पार्क बा अव्यवस्था के शिकार

जनेश्वर के प्रतिमा पर पुष्पांजलि के बाद अखिलेश जनेश्वर पार्क के भ्रमण कइलें अउर कहलें कि ई पार्क अब अव्यवस्था के शिकार हो गइल बा। 400 एकड़ में फइलल ई पार्क लंदन के हाइड पार्क से भी बड़ बा। आज एकर चबूतरा टूटल बा। एलईडी बंद बा। झूला टूट गइल बा। बाथरूम गंदा बा। भाजपा बदला के भावना से ई काम कs रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]