[the_ad_group id="30365"]

तेलंगाना में कांग्रेस के बड़ झटका, PCC के 12 सदस्य लोग दिहल इस्तीफा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

तेलंगाना में कांग्रेस पार्टी के बड़ झटका लागल बा। इहां हालही में गठित प्रदेश कांग्रेस कमेटी के 12 सदस्य लोग पद से इस्तीफा दे दिहले बा। सदस्यन के ओर से दिहल गइल त्यागपत्र में पार्टी नेतृत्व पर स्थानीय नेता के दरकिनार करे के आरोप लगावल गइल बा।

 

उत्तम कुमार के ओर से आरोप लगावल गइल बा कि पीसीसी के 50% से अधिक सदस्य अइसन नेता बानें जे हालही में टीडीपी से जुड़ल बानें। एहसे पार्टी खातिर बीतल छह साल से काम कs रहल नेता लोग के निराशा हाथ लागल बा। चिट्ठी में कहल गइल बा कि तेलंगाना में केसीआर तानाशाही शासन चला रहल बाने। केसीआर के सत्ता से बाहर करे खातिर बड़ संघर्ष के जरूरत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]