[the_ad_group id="30365"]

बिहार : नगर निकाय चुनाव के पहिला चरण के मतगणना आज, 21,787 उम्मीदवारन के भाग्य के होई फैसला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

PATNA: बिहार के राजनीति खातिर आज के दिन बहुते खास बा। आज 156 नगर निकायन के वार्ड पार्षद मिल जाई लोग। नगर निकाय आम चुनाव, 2022 के तहत पहिला चरण के चुनाव भइल रहे, आज ओकर काउंटिंग होखे के बा। मतगणना सबेरे सात बजे से सुरू होई आ सांझ के शाम पांच बजे तक चली। एकरा तुरंत बाद रिजल्ट के जारी कs दिहल जाई।

राज्य निर्वाचन आयोग जवन निरदेस जारी कइले बा ओकरा मोताबिक 37 जिलन (शिवहर छोड़के) के सभे 156 नगर निकायन के चुनाव में डालल गइल वोटन के आज काउंटिंग होई। एकरा खातिर पहिलही से पूरा तैयारी कs लिहल गइल बा। 36 जिलन के जिला मुख्यालयन पs मतगणना केंद्र बनावल गइल बा। जबकि पटना जिला के नौ अनुमंडल स्तर पs मतगणना केंद्र बनल बा।

वोटन के गिनती खातिर सुरक्षा बेवस्था के कड़ा इंतजाम कइल गइल बा। सब गणना केंद्रन पर कर्मियन के प्रतिनियुक्ति कs दिहल गइल बा। एह चरण के 21,787 प्रत्याशी चुनावी मैदान में उतरल रहे, जवना के परिणाम आज जारी कs दिहल जाई। पटना जिला के 12 नगर निकाय एहमे सामिल बा, जहां आज वोटन के गिनती होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]