[the_ad_group id="30365"]

गुलाम नबी आजाद कइलें नया पार्टी के एलान, ‘डेमोक्रेटिक आजाद पार्टी’ रखलें नाव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जम्मू-कश्मीर के पूर्व मुख्यमंत्री गुलाम नबी आजाद नयका पार्टी के एलान कs दिहले बानें। उनकर पार्टी के नाम ‘डेमोक्रेटिक आजाद पार्टी’ ह। जम्मू में प्रेसवार्ता कs के उ नाम के घोषणा कइलें। आजाद पिछले महीना कांग्रेस से आपन पांच दशक से बेसी के पुरान नाता तूड़ देहले रहनें। ऊ तीन दिवसीय दौरा पs अतवार के जम्मू आइल बानें।
उ कहलें कि पार्टी के विचारधारा उनके नाम के तरे होई अउरी एहमें सब धर्मनिरपेक्ष लोग शामिल हो सकsता। ऊ पार्टी के एजेंडा भी पहिलही स्पष्ट कs चुकल बानें। एहमें जम्मू-कश्मीर के पूर्ण राज्य के दर्जा बहाल कइल, भूमि अउरी नौकरियन के अधिकार स्थानीय लोग खातिर सुरक्षित करे खातिर संघर्ष जारी रखल आदि शामिल बा।

Ghulam Nabi Azad
मार्च 2022 में गुलाम नबी आजाद के पूर्व राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद से पद्मभूषण मिलल रहे। 1973 में गुलाम नबी आजाद डोडा जिला के भलेसा ब्लॉक कांग्रेस कमेटी के सचिव के रूप में राजनीति के शुरुआत कइले रहने एकरे बाद उनकर सक्रियता अउरी शैली के देखत कांग्रेस  उनके युवा कांग्रेस के अध्यक्ष चुनलस।
उ महाराष्ट्र से 1980 में पहिला संसदीय चुनाव लड़लें अउरी जीत दर्ज  कइलें। 1982 में उनके केंद्रीय मंत्री के रूप में कैबिनेट में शामिल कइल गइल। डॉ. मनमोहन सिंह के नेतृत्व वाली दूसरी यूपीए सरकार में आजाद देश के स्वास्थ्य मंत्री के पदभार सम्हरले रहनें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]