[the_ad_group id="30365"]

गहलोत गुट के तीन नेता लोग के अल्टीमेटम, 48 घंटा में नाइ दिहल गइल जवाब त कांग्रेस करी कार्रवाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कांग्रेस गहलोत गुट के तीन नेता के अब 48 घण्टा अल्टीमेटम देत तुरंत जवाब देवे के कहल गइल बा। यदि उ आपन जवाब दाखिल नाइ करिहें  त पार्टी के अनुशासन समिति एक्शन लेई।
25 सितंबर के साँझ के मुख्यमंत्री आवास पs विधायक दल के बैठक में विधायकन के नाइ पहुंचले पर विवाद हो गइल रहल। दिल्ली से आइल पर्यवेक्षकन के साथ विधायकन के बैठक होखे के रहल लेकिन विधायक नाइ पहुंचलें। एकरे सथही शांति धारीवाल के घर विधायकन के अलग बैठक कइल गइल। फेर उहां से विधायक विधानसभा अध्यक्ष डॉ. सीपी जोशी से मिले चल गइलें अउर उनके आपन इस्तीफा सौंप दिहले रहनें। कांग्रेस विधायकन के एह हरकत के अजय माकन आलाकमान के सूचित कइले रहने। जेकरे बाद महेश जोशी, शांति धारीवाल अउर धर्मेद्र राठौड़ के कारण बताओ नोटिस जारी कइल गइल रहे। जेकर जवाब तीनो जनी के 10 दिन में देवे के रहल, जौन कि अभीन ले नाइ दिहल गइल। अब आलाकमान 48 घण्टा में तीन नेता से जवाब तलब कइले बा।

सूत्र बतवलस कि कांग्रेस के अनुशासन समिति के ओर से नोटिस जारी कइले के बाद से ही एह तीनो नेता लोग के जवाब अगोरल जात रहल। अब पार्टी उनके जवाब देवे खातिर कुछ अउर वक्त दिहले बा। उहवें सूत्र कहलें कि त्योहार होखले के वजह से देरी भइल बा। जेकरे वजह से लचीला रुख दिखावल गइल लेकिन समिति दू दिन अउर अगोरा करी। ओकरे बाद एक्शन लिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]