[the_ad_group id="30365"]

ट्विटर पर पत्रकारन के अकाउंट सस्पेंड करे निंदा, यूएन महासचिव बोललें- खतरनाक मिसाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ट्विटर के अधिग्रहण के बाद से उनके मालिक एलन मस्क लगातार विवादित फैसला से चर्चा में बा। नयका मामला एह माइक्रो ब्लॉगिंग साइट से पत्रकार के खाता सस्पेंड करे के सोझे आइल बा। मस्क के इस फैसला के संयुक्त राष्ट्र (UN) महासचिव एंटोनियो गुतेरेस निंदा कइलें।

यूएन महासचिव के प्रवक्ता स्टीफन दुजारिक कहनें कि ट्विटर से पत्रकार के अकाउंट सस्पेंड कइल खतरनाक मिसाल बा। एह मनमाने सस्पेंसन से यूएन महासचिव बहुत परेशान बानें। मीडिया के आवाज के अइसन मंच पs खामोश नाइ करे के चाहीं, जौन अभिव्यक्ति के आजादी के दावा करsता। ट्विटर समय में ई कदम उठावल जब दुनिया भर में पत्रकार सेंसरशिप, जान के जोखिम अउर दूसर बाउर हालात के सामना कs रहल बानें। बता देईं, बियफे ट्विटर कई पत्रकारन के विश्व के एह अग्रणी सोशल मीडिया साइट से सस्पेंड कs दिहले।

यूएन रख रहल बा ट्विटर के हर फैसला पs नजर

ई पूछले पर का संयुक्त राष्ट्र ट्विटर छोड़े के फैसला करी? संयुक्त राष्ट्र महासचिव के प्रवक्ता कहनें कि हम ट्विटर के रोजमर्रा के कदम पर नजर रख रहल। चूंकि सोशल मीडिया के क्षेत्र में ट्विटर के प्रभाव बा। एहलिए ई हमनीं खातिर सूचना अउर तथ्यात्मक जानकारी साझा कइले के महत्वपूर्ण मंच ह।

दुजारिक कहनें कि ट्विटर पs हमनीं के नफरत भरी बात, अभद्र भाषा, जलवायु अउर अन्य विषय पs दुष्प्रचार में बढ़ोतरी देखतानीं जा, ई बहुते चिंताजनक ह। एहलिए हम एहपर बारीकी से नजर रख रहल बा।

ट्विटर करीब आधा दर्जन प्रसिद्ध पत्रकारन के अकाउंट सस्पेंड कs दिहले बानें। एलन मस्क के आरोप बा कि ई ट्विटर के ‘डॉक्सिंग’ (Doxxing) नियम के खिलाफ काम कइलें। जौन पत्रकारन के खाता सस्पेंड कइल गइल बा, ओमें न्यूयॉर्क टाइम्स के रेयान मैक, सीएनएन के डोनी ओ’सुल्लीवन, द वाशिंगटन पोस्ट के ड्रू हारवेल, मैशेबल के मैट बाइंडर, द इंटरसेप्ट के मीका ली, राजनीतिक संवाददाता कीथ ओल्बरमैन अउर स्वतंत्र पत्रकार हारून रूपर अउर टोनी वेबस्टर शामिल बाने। ट्विटर एह पत्रकारन के अकाउंट पर ‘खाता निलंबित (Account Suspended) के नोटिस दिख रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]