[the_ad_group id="30365"]

फरियादी के शिकायत पर डांट पड़ल त बोर्ड से अफसरन के नंबरवे हो गइल गायब, अब फोटो होता वायरल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला के गुलरिहा थाना के सरहरी पुलिस चौकी के एगो कारनामा बुधवार के सोशल मीडिया पर वायरल हो गइल। एगो पीड़िता के फरियाद सुनले के जगह उनके टरकवला पर ऊ एडीजी के फोन मिलवली त पुलिस चौकी पर लागल बोर्ड से सगरी अधिकारियन के नंबरवे हटवा दिहलस। अब मामला संज्ञान में अइले के बाद एसपी नार्थ मनोज कुमार अवस्थी पूरा प्रकरण के जांच शुरू कs देहलें बानें।

जानकारी के मुताबिक, मामला 10 अगस्त के रात के ह। सरहरी चौकी क्षेत्र में पड़ोसी से परेशान महिला फरियाद लेके चौकी पर गइल रहे। पुलिसकर्मी लोग महिला के अगिला दिन अइला के बात कहत टाल दिहलस। बाहर आईल महिला पुलिस चौकी के बोर्ड पर लिखल एडीजी के नंबर पर संपर्क कइलीं अउर आपन बात बतवली।

एडीजी के निर्देश पर उनके पीआरओ तत्काल चौकी इंचार्ज के टेलीफोन कर मामला में गंभीरता से कार्रवाई करे के कहलें। एही बात से खिसियाइल पुलिस 13 अगस्त के बोर्ड से सब अधिकारियन के नाम ही हटा देहलस। नया पेंटिंग करा ले महज थानेदार अउर चौकी इंचार्ज के नाम लिख दिहल गइल ताकि न नंबर रहे अउर न ही केहू अधिकारियन ले आपन शिकायत दर्ज करा सके।

एसपी नार्थ मनोज अवस्थी कहलें कि मामला संज्ञान में आइल बा। जांच कइल जा रहल बा। जांच के आधार पर नियमानुसार कार्रवाई कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]