[the_ad_group id="30365"]

देवरिया होई जाम मुक्त: भटवलिया चौराहा से गोरखपुर ओवरब्रिज होई नो वेंडिंग जोन घोषित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देवरिया शहर में जाम से मुक्ति दियावे खातिर प्रशासन अउर पुलिस मिल के खाका तैयार कइलस। शहर के दू प्रमुख रास्ता के नो वेंडिंग जोन घोषित कइल गइल बा। राघव नगर, रामलीला मैदान के जाए वाली सड़क के वन वे मार्ग घोषित कइल गइल बा, जबकि दू जगह पर ठेला लगावे वाला जगह चिह्नित कइल गइल बा।

अपर जिलाधिकारी प्रशासन गौरव श्रीवास्तव बतवलें कि शहर के मुख्य रास्ता सिविल लाइंस रोड, मालवीय रोड, को-ऑपरेटिव चौराहा से हनुमान मंदिर (रामलीला मैदान रोड) हनुमान मंदिर से राघव नगर-कचहरी चौराहा (शिव मंदिर) ले अउरी जलकल रोड आदि प्रमुख रास्ता पर लागे वाले जाम के समस्या से निजात दियावे खातिर प्रमुख व्यापार प्रतिनिधियन के साथ वार्ता कs के प्लान बनावल गइल बा। एहमें सिविल लाइंस रोड पs भटवलिया चौराहा से गोरखपुर ओवरब्रिज तक अउरी मालवीय रोड के नो-वेंडिंग जोन घोषित कइल गइल बा। नो वेंडिंग जोन के व्यवस्था बृहस्पतिवार से लागू होई।

एह रास्ता पर सड़क के किनारे पटरी पर अउरी ओकरे पीछे नाला पर ठेला रेहड़ी अउरी पटरी दुकानदारन के कौनो दुकान नाइ लागी। खाली वाहन के पार्किंग बस पटरी ले जा सकsता। एतने नाइ एह रास्ता पs स्थित दुकान के आगे पोल लगा के कौनो स्थायी शेड नाइ लगावल जाई।

ई रास्ता होई वन वे

शहर के को-ऑपरेटिव चौराहा से हनुमान मंदिर (रामलीला मैदान रोड) एवं हनुमान मंदिर चौराहा से राघव नगर होत कचहरी चौराहा (शिव मंदिर तक) के रस्ता वन-वे रही। ई व्यवस्था स्थानीय लोग, दुकानदारन अउरी बाहर से आवे वाला लोग सब के खातिर समान रूप से लागू होई। एकर कड़ाई से पालन करावल जाई।

फुटपाथ के दुकानदारन के वैकल्पिक व्यवस्था

पटरी अउरी रेहड़ी व्यवसायियों खातिर वैकल्पिक व्यवस्था के तौर पs कोतवाली रोड अउरी महिला थाना के निकट स्थान चिह्नित कइल गइल रहे, जहां उ आपन व्यवसाय कs सकतने। लेकिन इहां पर सड़क से लम्मे दुकान लगावे के होई।

ई रिक्शा वालन पर सख़्ती बरतल जाई

देवरिया एडीएम बतवलें कि शहर में जाम लगले के एगो मेन कारण ई-रिक्शा वाहन के अनियमित चलल अउरी पार्किंग कइल भी ह। जनपद में लगभग चार हजार ई-रिक्शा वाहन बा, जेमें से करीब 1500 वाहन अइसन बानें जेकरे लग्गे ड्राइविंग लाइसेंस ले नाइ बा। एआरटीओ के चेकिंग अभियान चला के कार्रवाई करे के कहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]