[the_ad_group id="30365"]

वडोदरा में सांप्रदायिक तनाव, गणेश प्रतिमा जुलूस के दौरान भइल झड़प, 13 लोग गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गुजरात के वडोदरा शहर में एगो संवेदनशील इलाका से भगवान गणेश के प्रतिमा ले के जा रहल एगो जुलूस के गुजरले के दौरान दू समुदायन के बीच झड़प हो गइल। दूनों ओर से पथराव कइल गइल, हालांकि एहमें केहूँ घाही नाइ भइल। मामला में 13 लोग के गिरफ्तार कइल गइल बा।
एगो पुलिस अधिकारी बतवलें कि  कि ई घटना सोमार के रात में भइल वडोदरा के सिटी पुलिस थाना में दूनों पक्ष के सदस्यन के खिलाफ दंगा कइले अउर गैरकानूनी तरीका से एकत्रित होखले के आरोप में एफआईआर दर्ज कइल गइल बा। ई झड़प सिटी पुलिस थाना क्षेत्र के अंतर्गत आवे वाले पानीगेट दरवाजा क्षेत्र में भइल। विवाद के शुरुआत कौनो बात के लेकर बहस से भइल अउर फिर पथराव शुरू हो गइल।
पानीगेट दरवाजा सांप्रदायिक रूप से संवेदनशील मांडवी इलाका में आवला। सोमार रात करीब 11.15 बजे गणेश प्रतिमा एगो जुलूस के रूप में ले जाईल जात रहल। तब्बे विवाद भइल।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]