[the_ad_group id="30365"]

नीतीश कैबिनेट के फसीला: अब बालू घाटन के ई-नीलामी, दर भइल दोगुना, शिक्षकन के बकाया वेतन खातिर 9400 करोड़ स्वीकृत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के नीतीश-तेजस्वी सरकार द्वारा विश्वास मत हासिल कइला के बाद मंगर के पहिला बेर कैबिनेट बैठक भइल। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के अध्यक्षता में आयोजित कैबिनेट मीटिंग में 8 एजेंडन पs विमर्श कs के ओकरा के पास कs  दिहल गइल। कैबिनेट मीटिंग में बालू घाटन के निलामी के लेके बड़ फसीला कइल गइल। अब बालूघाटन के बंदोबस्ती ई-नीलामी के प्रक्रिया से होई। अगिला पांच सालन खातिर ई निर्णय लिहल गइल बा।

नयका सरकार घर बनावे वालन के बड़ झटका देले बिया। निम्मन बालू वाला घाटन के बंदोबस्ती के दुगुना कs दिहल गइल बा। पहिले ई दर 75 रुपए प्रति घनमीटर रहे जवना के बढ़ाके 175 रुपिया कs दिहल गइल बा। सरकार के एह फसीला से आम आदमी के बालू लगभग दुगुना दर पs किने के पड़ी। अभी प्रति टैक्टर बालू के कीमत 5 हजार के  आसपास रहे। एक ट्रैक्टर बालू खातिर अब 8 हजार से जादे देवे के पड़ी। एहसे निर्माण उद्योग पs बुरा असर पड़ी। बिहार के पांच नदियन सोन, क्यूल, फल्गु, चानन आ मोरहर के बालू प्रति घन मीटर 75 से बढ़ाके 150 रुपया कइल गइल बा। एही नदियन के बालू से घर बनावे के काम होला।

एगो आउर एजेंडा में सरकार शिक्षकन के खुशखबरी देले बिया। शिक्षकन के वेतन भुगतान खातिर कैबिनेट में 9400 करोड़ के राशि के स्वीकृति दिहल गइल बा। एमे बकाया वेतन भुगतान खातिर राशियो सामिल बा। एसे राज्य के 2.64 लाख शिक्षकन के फायदा होई।

कैबिनेट मीटिंग में राज्य के EBC आ OBC कन्या हाईस्कूल खातिर बड़ संख्या में टीचिंग आ नन-टीचिंग पोस्ट के स्वीकृति दिहल गइल बा। कन्या हाईस्कूलन में 1365 पदन के स्वीकृति मिलल बा।

पिछड़ा आ अति पिछड़ा कल्याण विभाग द्वारा संचालित 39 पिछड़ा वर्ग कन्या आवासीय प्लस 2 उच्च विद्यालय खातिर अलग-अलग कोटि के 1092 टीचिंग पोस्ट आ 273 गैर नन-टीचिंग पोस्ट के स्वीकृति मिलल बा। एह  स्कूलन खातिर 1365 पदन के सृजन के प्रक्रिया जल्दिये सुरु कs दिहल जाई। हर साल एह मद में 49 करोड़ 49 लाख 51हजार 500 रू के खरचा के बोझ पड़ीं।

मधुबनी के बिहुल नदी पs बीयर योजना निर्माण कार्य खातिर 68 करोड़ 64 लाख के प्रशासनिक स्वीकृति दिहल गइल बा। बरिस 2023 खातिर बिहार सरकार के कार्यालय में अवकाश आ नेगोशिएबल इंस्ट्रूमेंट्स एक्ट के तहत अवकाश के घोषणा के स्वीकृति दिहल गइल बा। समग्र शिक्षा अभियान के तहत शिक्षकन के वेतन भुगतान खातिर 9400 करोड़ रुपिया के सहायक अनुदान मद के स्वीकृति दिहल गइल बा।

कृषि विभाग में संविदा पs नियोजित कर्मियन खातिर मानदेय आ ईपीएफ के राशि, बामेती परिसर के प्रबंधन, सुरक्षा आ प्रसार कार्यक्रम खातिर 33.62 करोड़ के योजना के कार्यान्वयन आ निकासी सहित व्यय के स्वीकृति दिहल गइल बा। भागलपुर स्थित रेशम आ वस्त्र संस्थान के टेक्सटाइल इंजीनियरिंग में डिप्लोमा कोर्स चलावे के स्वीकृति दिहल गइल बा। राजकीय पॉलिटेक्निक टेक्सटाइल टेक्नोलॉजी भागलपुर संचालित करे आउर बिहार रेशम आ वस्त्र संस्थान भागलपुर के कुल 7 एकड़ 12 डिसमिल जमीन आ ओह उस पs निर्मित भवन के बिहार सरकार के हस्तांतरित करे के स्वीकृति दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]