[the_ad_group id="30365"]

अब पुलिस पीड़ित के घर जा के देईं FIR के कॉपी, DIG जारी कइलें आदेश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एफआईआर दर्ज होखला के बाद पीड़ित के अब कॉपी खातिर परेशान नाइ होखे के पड़ी। डीआईजी जे रविंद्र गौड़ रेंज (गोरखपुर, देवरिया, कुशीनगर, महराजगंज) के एसपी के पत्र भेज के घर जा के एफआईआर के कॉपी देहले के आदेश जारी कइलें बानें।

आदेश होतही गोरखपुर पुलिस एकर शुरुआत भी क देहलस। कोतवाली पुलिस एक पीड़ित के एफआईआर के कॉपी घर जाके उपलब्ध करा देहलस। एसे पीड़ित के तत्काल पता चल जाई कि ओकरे केस के विवेचना केकरा के मिलल बा।

डीआईजी के लग्गे कई फरियादी एह बात के प्रार्थना पत्र ले के आवत रहलें कि उनकर एफआईआर दर्ज नाइ कइल जा रहल बा। थाना पs जानकारी कइलें पर पता चलत रहे कि एह मामला में एफआईआर पहिलही दर्ज बा। एह मामला के गंभीरता से लेत डीआईजी वादी के घर एफआईआर कॉपी पहुंचवले के आदेश जारी कs देहलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]