[the_ad_group id="30365"]

पहिलही अंतरराष्ट्रीय दौरा पर रूपल चौधरी के बड़ कमाल, झटकली रजत पदक, पूरा शहर में खुशी के माहौल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मेरठ जिला के जूनियर खिलाड़ी रूपल चौधरी विदेश में भारतीय टीम के झंडा बुलंद क देहले बाड़ी। कोलंबिया में आयोजित अंडर-20 (जूनियर) वर्ल्ड एथलेटिक्स चैंपियनशिप में 4×400 मीटर मिक्स रिले में मेरठ के रूपल चौधरी भारतीय टीम खातिर रजत पदक झटकले बाड़ी। अपने पहिलही अंतरराष्ट्रीय दौरा पर रूपल के साथ मिक्स रिले में भरत श्रीधर, प्रिया मोहन, कपिल देश के मान बढ़वली।

भारतीय टीम 4×400 मीटर मिक्स रिले स्पर्धा में 3:17:76 मिनट में दौड़ पूरी क के ई उपलब्धि हासिल कइल, जबकि 3:17:69 मिनट में यूएस के टीम स्वर्ण पदक अउर 3:19:96 मिनट के साथ जमैका के टीम कांस्य पदक पs कब्जा कइलन।

शानदार प्रदर्शन पर रूपल के कोच विशाल सक्सेना, अमिता सक्सेना, जिला एथलेटिक्स संघ अध्यक्ष आशुतोष भल्ला, पूर्व उपक्रीड़ा अधिकारी राजाराम अत्री अउरी सतीश शर्मा, पिता ओमवीर सिंह अउरी परिवार के लोग खुशी जतवले बा। एकरे अलावा पूरे शहर में खुशी के माहौल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]