[the_ad_group id="30365"]

काम कइलस देशभर के दुआ, 15 दिन बाद आँख खोललें मशहूर कॉमेडियन राजू श्रीवास्तव, कानपुर में खुशी के लहर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशहूर कॉमेडियन राजू श्रीवास्तव के स्वास्थ्य से जुड़ी नीक खबर बा। राजू श्रीवास्तव के बियफ़े के बिहाने होश आ गइल बा। उ पिछला 15 दिन से दिल्ली के एम्स अस्पताल में भर्ती रहनें। उनकर निजी सचिव गर्वित नारंग बतवलें कि एम्स दिल्ली में डॉक्टर लोग उनका के अपना निगरानी में रखले बा।
उनके स्वास्थ्य के स्थिति में सुधार हो रहल बा। बतावत चलीं कि सीने में दर्द अउरी जिम में वर्कआउट के दौरान गिरला के बाद 10 अगस्त के उनके एम्स दिल्ली में भर्ती करावल गइल रहे। राजू के होश में अइले के बात सुनकर उनके चाहे वालन में खुशी के लहर दौड़ गइल बा। कानपुर में उनका खातिर लमहर समय से दुआ के दौर चलत रहल। लोग भगवान से दिनरात प्रार्थना कर रहल बानें कि उनकर चहेता राजू जल्दी निम्मन हो जाएं।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]