[the_ad_group id="30365"]

उज्जैन आइल रणबीर-आलिया नाइ क पवलें महाकाल के दर्शन, बीफ वाले बयान पर बजरंग दल के हंगामा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पॉपुलर कपल रणबीर कपूर अउर आलिया भट्ट मंगर साँझ के महाकाल मंदिर के दर्शन करे उज्जैन पहुंचल रहलें। लेकिन ओह लोगन के बिना दर्शन कइलहीं मंदिर से वापस लौटे के पड़ल। खाली फिल्म के डायरेक्टर अयान मुखर्जी गर्भगृह में जा के बाबा महाकाल के दर्शन क पवलें।
दरअसल आलिया-रणबीर अउर आयान मुखर्जी के अइले से पहलही बजरंग दल अउर विश्व हिंदू परिषद के कार्यकर्ता लोग महाकाल मंदिर के मुख्य अउर VVIP शंख द्वार पर जोरदार हंगामा क देहले रहे। जेकरे बाद रणबीर-आलिया अउर अयान मुखर्जी तीनो जनी के उज्जैन कलेक्टर आशीष सिंह के घर पहुंचे के पड़ल।
बजरंग दल के कार्यकर्ताओं ने रणबीर कपूर के 10 साल पुराने बीफ वाले बयान पर हंगामा किया
हिंदू संगठन के कार्यकर्ता रणबीर अउर आलिया के काला झंडा दिखवलें के इरादा से पहुंचल रहलें। हालांकि पुलिस हल्का बल प्रयोग क के ओह सभन के खदेड़ दिहलस। बजरंग दल कार्यकर्ता लोग के कहनाम रहे कि रणबीर कपूर खुद बता चुकल बानें कि ऊ बीफ खालें। अइसन में बीफ खाए वालन के मंदिर में कइसे ढूके देहले, प्रशासन के जवाब देवे के होई।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]