[the_ad_group id="30365"]

बायकॉट पs इंडस्ट्री के लोग पर फूटल मंदाकिनी के गुस्सा, बोललीं- सब प्लानिंग के तहत हो रहल बा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बायकॉट…पिछले कुछ दिन से सोशल मीडिया पर ई शब्द नगदे वायरल हो रहल बा। अक्षय कुमार के फिल्म सम्राट पृथ्वीराज से शुरू भइल बायकॉट ट्रेंड अब ब्रह्मास्त्र ले जा पहुंचल बा। इंडस्ट्री में चल रहल कैंसिल कल्चर न केवल स्टार्स के छवि के नुकसान पहुंचवलें बा, बलुक उनकर फिल्मन के कलेक्शन के भी प्रभावित कइलें बा। इंडस्ट्री के अइसन हालत देख के 25 साल बाद पर्दा पर वापसी करे वाली अभिनेत्री मंदाकिनी बोललीं, बायकॉट अउरी कैंसिल कल्चर स्टार लोग के खीस के नतीजा ह।

मीडिया हाउस से बातचीत के दौरान दाऊद इब्राहिम के पुरान गर्लफ्रेंड मंदाकिनी कहली कि ई सब चीज देख के बहुत दुख होला। हमनीके जमाना में अइसन कल्चर नाइ रहल। तब निर्देशकन के गुरू के नजर से देखल जात रहल। हम सब अभिनेता उनकर इज्जत करत रहनी जा, उनकर सम्मान करत रहनी जा। अब इंडस्ट्री में ऊ अपनापन नाइ रहल। शायद इहे वजह बा कि आजु इंडस्ट्री के लोग एक-दूसरा पर आरोप लगावे में आगे रहेने लोग।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]