[the_ad_group id="30365"]

योगी सरकार स्कूलन में पढ़ाई के टाइमिंग के लेके करे जा रहल बिया बदलाव, लइकन के होइ बड़ फायदा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

 

 

यूपी के स्कूली लइकन के बहुत फायदा होखे वाला बा। स्कूल में पढ़ाई के समय के लेके जल्दिए योगी सरकार बड़ बदलाव करे वाली बिया। बता दीं कि यूपी सरकार स्कूलन में पढ़ाई के घंटो कम करे वाली बिया। रउरा सभे के मालूम होखे के चाहीं कि नया शिक्षा नीति 2020 के तहत अब स्कूलन में महज 29 घंटा के पढ़ाई होखी। सोमार से बियफे ले 5 से 5:30 बजे ले आ महीना के दुसरका शनिचर के ही 2 से 2.30 बजे ले कक्षा होखी। एकरा संगे दु शनिचर के स्कूल में छुट्टी होई। एही तरे सामान्य विषय के कक्षा के अधिकतम समय सीमा 45 से घट के 35 मिनट कर दिहल जाई। जबकि, प्रमुख विषय के कक्षा 50 मिनट तक चली।

नीति के हू-ब-हू लागू करे के विचार

नया शिक्षा नीति के ठीक से लागू करे खातिर योगी सरकार शिक्षा विभाग के आदेश देले बिया कि नया शिक्षा नीति के राष्ट्रीय पाठ्यक्रम ढाँचा के तहत स्कूल में पढ़ाई खातिर नया नियम तैयार कईल जाए। नया नियम लागू होखला के बाद कक्षा के समय 35 मिनट के होई। गणित, हिंदी, अंग्रेजी, विज्ञान आदि प्रमुख विषयन से ही जुड़ल कक्षा के समय 40 से 50 मिनट तय कईल जाई। नया शिक्षा नीति के तहत स्कूल में सप्ताह में कुल 29 घंटा कक्षा करावे के कहल गईल बा।

साल में एतना दिन बिना बैग के लइका स्कूल जइहें

नया राष्ट्रीय शिक्षा नीति में पढ़ाई के बोझ से राहत देवे खातिर साल में अलग-अलग तारीख पs कुल 10 दिन तक बच्चा के बिना बैग के आवे के अनुमति दिहल जाई। बैगलेस दिन में लइकन के मौखिक आ प्रयोग के माध्यम से पढ़ावल जाई।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]