Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Indian Railways News: बरौनी-नई दिल्ली ट्रेन निरस्त, सात ट्रेनन के रास्ता बदलल 

217

पूर्व मध्य रेलवे के बरौनी स्टेशन पs नया लूप लाइन के निर्माण के काम खातिर 2 से 5 दिसंबर तक प्री-नॉन इंटरलॉक कार्य आ 6 से 8 दिसंबर तक नॉन इंटरलॉक कार्य करावल जाई। एकरा खातिर रेल प्रशासन यातायात ब्लॉक देले बा। जवना के चलते ट्रेनन के संचालन प्रभावित रही।

एह ट्रेनन के कइल गइल निरस्त 

  • बरौनी से 4 से 8 दिसंबर तक चले वाली बरौनी-नई दिल्ली एक्सप्रेस विशेष गाड़ी।
  • नई दिल्ली से 5 से 9 दिसंबर तक चले वाली नई दिल्ली-बरौनी विशेष गाड़ी।

एह ट्रेनन के होई शार्ट टर्मिनेशन

  • ग्वालियर से 6 आ 7 दिसंबर के चले वाली ग्वालियर-बरौनी एक्सप्रेस छपरा में यात्रा समाप्त करी।
  • बांद्रा टर्मिनस से 3 से 5 दिसंबर तक चले वाली बांद्रा टर्मिनस-बरौनी एक्सप्रेस मुजफ्फरपुर में यात्रा समाप्त करी।

एह ट्रेनन के शार्ट ओरिजिनेशन होई

  • बरौनी से सात आ 8 दिसंबर के चले वाली बरौनी-ग्वालियर एक्सप्रेस छपरा से चलावल जाई।
  • बरौनी 6 से 8 दिसंबर तक चले वाली बरौनी-बांद्रा टर्मिनस एक्सप्रेस मुजफ्फरपुर से चलावल जाई।

एह ट्रेनन के होई मार्ग परिवर्तन

  • सहरसा से 6 से 8 दिसंबर तक चले वाली सहरसा-नई दिल्ली एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग खगड़िया-नरहन-समस्तीपुर-मुजफ्फरपुर के रास्ते चलावल जाई।
  • कटिहार से 5 से 7 दिसंबर तक चले वाली कटिहार-अमृतसर एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग खगड़िया-नरहन-समस्तीपुर के रास्ते चलावल जाई।
  • अमृतसर से 5 से 7 दिसंबर तक चले वाली अमृतसर-कटिहार एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग समस्तीपुर-नरहन-खगड़िया के रास्ते चलावल जाई।
  • नाहरलागुन से 6 दिसंबर के चले वाली नाहरलागुन-आनंद विहार टर्मिनस एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग खगड़िया-नरहन-समस्तीपुर-मुजफ्फरपुर-हाजीपुर के रास्ते चलावल जाई। जाएगी।
  • सहरसा से 7 दिसंबर के चले वाली सहरसा-आनंद विहार टर्मिनस एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग खगड़िया-नरहन-समस्तीपुर-मुजफ्फरपुर के रास्ते चलावल जाई।
395620cookie-checkIndian Railways News: बरौनी-नई दिल्ली ट्रेन निरस्त, सात ट्रेनन के रास्ता बदलल 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.